बतकुच्चन – ४४

by | Jan 24, 2012 | 1 comment


शब्द का बहाने बतकुच्चन होला. आ शब्द एगो भा अधिका ध्वनियन के अइसन समूह ह जवना के कवनो मतलब निकलत होखो. मतलब नइखे निकलत त ऊ शब्द कहाइये ना सके. जइसे कि गिलगिलइला के शब्द ना कहल जा सके. अलग बाति बा कि एह काम के बतावे खातिर गिलिगिलाइल भा गिलिगिलाहट के शब्द जरूर मानल जा सकेला. गिलगिलइला से निकलल ध्वनि के ना. आजुकाल्ह कई राज्यन में नेता लोग अइसने गिलगिलाहट में लागल बा. ओह लोग के कई बात के मतलब बूझल आम आदमी खातिर मुश्किल जरुर बा बाकिर ओह लोग का मुँह से निकले वाला ध्वनि होला त शब्दे. अब ई त होखी ना कि हमरा मतलब नइखे बूझात त हम ओह ध्वनि भा ध्वनि समूह के शब्द माने से इंकार कर दीं. त फेर बाति ई सामने आइल कि जवना के मतलब बहुते लोग समुझ सके ओकरा के शब्द कहल जा सकेला. हर भाषा में अलग अलग शब्द पावल जाला. बहुते शब्द के समान मतलब वाला शब्द दोसरा भाषा में ना मिले. एक से एक धनी सक्षम भाषा में हर मतलब खातिर शब्द ना मिले. एह चलते अंगरेजीओ जइसन भाषा जम के दोसरा भाषा के शब्दन के आत्मसात करत रहेले. अंगरेजी एहिसे बड़हन बन सकल कि ओकरा में दोसरा भाषा के शब्दन के पचावे के, आपन बना लेबे के बेंवत मौजूद बा. ठीक ओही तरह जइसे नेता लोग के बेंवत होला कि जनता के संपत्ति, राष्ट्र के संपत्ति के आपन बनावत जाले, पचावत जाले, आत्मसात करत जाले. भोजपुरी इलाका में व्हेल मछली ना मिले त हमनी का लगे ह्वेल खातिर कवनो शब्द नइखे आ ह्वेले से काम चलावे के पड़ी. ठीक वइसहीं जइसे कि गरई भा पोठिया मछरी खातिर दोसरा भाषा में सहज शब्द ना मिली. एहसे ई बाति सामने आइल कि भाषा ओह समाज के परिवेश, माहौल के आइना होला. जवन हमरा लगे हइये नइखे ओकरा के हम दोसरा के दे कइसे सकीले, देखा कइसे सकीले. सोचत होखब सभे कि आजु हम ई कवन पचरा ले बइठल बानी. असल में एक दिन पढ़त घरी धेयान में आइल कि जवन पाजिटिव थिंकिंग वाला पाजिटिव शब्द बा ओकर सही भोजपुरी का होई ? धनात्मक चिंतन, गुणात्मक चिंतन भा अइसने कवनो दोसरा शब्द से ऊ सही भाव सामने ना आ पावे. तब का हमनी का लगे पाजिटिव थिंकिंग के सोचे ना होखे ? उबारू सोच, आगा ले जाये वाला सोच खातिर कवनो शब्द काहे नइखे, भा बावे बाकिर हमरा मालूम नइखे. अगुआही सोच, अगताही सोच का ऊ मतलब पूरा कर सकेले ? कुछ त रउरो सभे बोलीं.

Loading

1 Comment

  1. चंदन कुमार मिश्र

    अंग्रेजी मे सब्द पचावे के छमता बाऽ… … हिन्दिओ में बा आ अंग्रेजी से जादे बा। के कह सकेला कि कुर्ता, टोपी, बोतल, चम्मच जइसन हजारन सब्द हिन्दी के ना हऽ। अंग्रेजी में शब्द पचावे से जादे चोरावे अइसन बात बा। सबूत खातिर एतने काफी होई कि अंग्रेजी के आपन सब्द बा केतना, ई जानल- देखल जाव ?

    आजादी के बाद जब एह मुद्दा पर भयंकर बहस भइल रहे तब 3- 4 गो धारा सामने आइल रहे जइसे पुनरुत्थानवादी से लेके नकलची तक।

    कुछ लोग रेक्सा के नरयान तक बनावल चाहल। सही बिचार ईहे रहे कि आपना भासा में जेतना सम्भव होखे ओतना सब्द बनावल जाय ना त दोहरिया दोहरिया के केतना दिन ले काम चली ?

    हँ, जवन सब्द दुनिया के जादे भासा में समझल- लिखल- बोलल जात रहे ओकरा के अपनावल बन्हिआ होई।

    ना तऽ लोग त एतना बुद्धिमान बा कि सभे आदमी बिदवाने बनल फिरऽता। केहू ईहो पता करे कि चीनी में चाहे स्पेनी में कम्प्यूटर के कम्प्यूटर ना कहल जाला, डाउनलोड के डाउनलोड ना कहल जाला… … स्पेनी भासा अंग्रेजी से कमजोर चाहे कम बोलल जाला कि जादे, ईहो कवनो लुकाइल बात नइखे।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up