– अशोक द्विवेदी
रसे – रसे महुआ फुलाइल हो रामा
उनुका से कहि दs !
रस देखि भँवरा लोभाइल हो रामा
उनुका से कहि द s !
पुलुई चढ़ल फिरु उतरल फगुनवा
कुहुँकि कुहुँकि ररे बेकल मनवाँ
सपनो में चैन न आइल हो रामा
उनुका से कहि द s !
झुरुकल कइ रात, पुरुबी-बयरिया
टहटह खिलि खिलि झरल अँजोरिया
अँखिया अउर सपनाइल हो रामा
उनुका से कहि द s !
देहिया लेसाइल बिरह-अगिनिया
सेजिया प’ लोटेले सुधि के नगिनिया
रतिया लगेले बिखियाइल हो रामा
उनुका से कहि द s !!
रसे रसे महुआ फुलाइल हो रामा,
उनुका से कहि द s !!
【 दो 】
मन परे पाछिल बतिया
इ बैरी-चइत उसुकावे !
निनिया उड़ावे अधिरतिया
इ बैरी चइत उसुकावे !!
कुरुई भरल रस महुआ क पियले
पुरुआ धसोरे मधुवाइ अनचितले
देहियाँ क’ सइ गो सँसतिया,
इ बैरी चइत उसुकावे !
फगुवो गइल, दिन कटिया के आइल
जोहते जोहत खरिहनवो लिपाइल
उनुका न मिले फुरसतिया
आ बैरी चइत उसुकावे !
मुसवा बिलइया चुहनिया-अँगनवाँ
खरके जे कछु गिरे कहीं बरतनवाँ
धड़केले रहि रहि छतिया,
इ बैरी चइत उसुकावे !
उनुका नोकरिया क सुख बस एतना
सँग कहँ रहिहें देखलको बा सपना
फुटही मिललि किसमतिया ,
आ बैरी चइत उसुकावे !
निनिया उड़ावे अधरतिया
इ बैरी चइत उसुकावे !!
505 total views, 2 views today
जय भोजपुरी।।।।।