दीयर कथा

by | Aug 19, 2018 | 0 comments

आनन्द संधिदूत

एही दीयर में बा
हमरो खेत क एगो छोट-मोट टुकड़ा
जवन हम देखले नइखीं।

ओही खेत क गोजई-रहिला
जब हमरा आँगन में गिरे त
हमार माई ओइसहीं खुस हो जाय
जइसे कवनो लइका खेलवना पाके अगरा जाला
ऊ कुछ झारे कुछ झूरे
कुछ कूटे कुछ पीसे
कुछ अँगऊ निकाले
हमनियो का अनाज का राशि पर
गाल रगड़-रगड़ के लोटीं जा
आ अँजुरी में भर के अनाज
हुर-हुर हुर-हुर ओही अनजबे पर गिराईं जा
बाप बिहीन आँगन में बाप के बिरह
ओही अनजवे से खेल के भुलवाईं जा।

स्वतंत्रता का बाद
लाला क खेत
समाज का दया आ करुणा से हरियर
बोवनिहार निठाली बतावसु
फलाना दू हाथ बढ़ के जोत लिहलन
भा, घोड़रज-निलगाय फसल लँहेद दिहलन स
भा, गंगा माई बोवल साँवाँ पर ओलर परली
चाहे समय का पहिले पछुआ हवा का बहि गइले
मोसल्लम गोजई पइया हो गइल।
हमार माई निठाली का सूचना पर
अपना आँख क आधा पलक नीचे गिरवले
धरती मइया के ताकत चुप हो जाय
जइसे भारत माता
अपना देस क झण्डा आधा झुका के
पटुआ गइल होखसु
थउस के मौन शान्त हो गइल होखसु।

हम देखले नइखीं
लेकिन एही दीयर में बा
हमरो खेत क एगो छोट-मोट टुकड़ी
जवन चकबन्दी में दस मण्डा का बजाय
आठ मण्डा क बिगहा भइला का बाद
कई मन अनाज कम देबे लागल
लेकिन ए बेरी हमार माई उदास ना भइलि
ऊ कहलसि अब कवन चिन्ता बा
हमार बच्चा नोकरी धऽ लिहलन!

ओही खेत क एगो हिस्सा
जब कई जुग खातिर
गंगा का पानी में डूब गइल
त सरकार नोटिस भेजलसि
पुछलसि कि बतावऽ
खेत रखबऽ कि छोड़बऽ
छोड़बऽ त लगान ना लागी
हमार माई कहलसि
बेमार सवाँग घर से निकालल ना जाय
बालू पानी में डूबल जमीन छोड़ल ना जाय
जा सरकार से कह आवऽ
हम मालगुजारी देब!
जमनियाँ तहसील में
बयान दर्ज करावत घोषणा पत्र भरत
हमके अइसन लागल
कि अबतक ई खेत हमार गार्जियन रहल हऽ
अब हम एकर गार्जियन बानी।

लेकिन झूठ, सरासर झूठ
चालिस साल बाद उहे जमीन
अब पानी में से झाँकतिया
हिंगुआना-पहलेज से लथरल बिया
सवखीन परवर बोवले बाड़न
आ मलाह बोरो धान
आ प्रकृति बोवले बा
हिंगुआ, डिंभुकी, नारुन, नखदौन आ दुधकांड़र
आ एही कंचन हरियरी में बा
हमरो खेत क एगो छोट-मोट टुकड़ी
जवन हम देखले नइखीं।
जवना का पाछा दू लाठी खइले नइखीं
दू गारी सहले नइखीं
हमके लागऽता
जइसे अगल-बगल के हरेक गाँव-मौजा
हमरा पर हँसऽता
आ हँसि-हँसि के कहऽता
कि एही दीयर में बा
एही का खेत के एगो छोट-मोट टुकड़ी
जवन ई देखले नइखे।


– पदारथलाल की गली, वासलीगंज, मिर्जापुर (उ0प्र0)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up