Shailesh Mishra

– शैलेश मिश्र

अगर हम सानिया मिर्ज़ा बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
अरब के संख्या में हिन्दुस्तानी,
बियाह करेके पाकिस्तानी चाहीं.

अगर हम सोनिया गाँधी बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
भारत-माता के इटालियन बहू
सउँसे हिंदुस्तान नचावल चाहीं.

अगर हम माधुरी दीक्षित बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
फिल्म-सितारा कवनो ना जमल
अमेरिका में नेने के नैना बानी.

अगर हम मल्लिका शेरावत बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
बोलीवुड फैशन पुरान भइल साड़ी
लोसएंजेलेस हॉलीवुड में नागरिक बानी.

अगर हम एम्.ऍफ़. हुसैन बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
भारत के नागरिकता नइखे मंज़ूर
क़तर में करामात देखावत बानी.

अगर हम ललित मोदी बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
आई.पी.एल में फिरंगी बल्लेबाज़
चीयर लीडरो अब बिदेसी चाहीं.

अगर हम इंडिया में इंडियन बानी
त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
भारत में ढ़ेर मिले घर के मुर्गी
दूर बिदेसी माटी के गमक चाहीं.


डैलस, टेक्सास (अमेरिका)


शैलेश मिश्रा के अउरी रचना

Loading

4 thoughts on “देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …”
  1. misir jee ram ram .aap se bat kare ke ba .kaise bat hokhi.ager raur phone ke lamber mioli tab ham ehawa se phone karab. samay nikal ke hamara mail per bhej dihi .dhnyabad jee misir jee.anil from ballia up. raur lekh to gazab ke ba……… desi na PAKISTANI CHAHI.

  2. बाह….बाह…….बहुत खूब………एकदम यथार्थ रचना………

    अगर हम सानिया मिर्ज़ा बानी
    त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
    अरब के संख्या में हिन्दुस्तानी,
    बियाह करेके पाकिस्तानी चाहीं.

  3. बहुत बहुत धन्यवाद …शैलेश भईया…
    अगर हम सानिया मिर्ज़ा बानी
    त देसी ना, हमके विदेशी चाहीं …
    अरब के संख्या में हिन्दुस्तानी,
    बियाह करेके पाकिस्तानी चाहीं.

    बिलकुल सही कहनी ह ……

Comments are closed.

%d bloggers like this: