– ओ.पी. अमृतांशु

नीमिया भइली कचनार,
महारानी रउरी अँगना में !

लहसेला दावाना-मडुयावा,
फुलाइल बेला फुलवा नू हो,
ए मईया, गमकेला ओढ़ऊल हार
महारानी रउरी अँगना में !

चम-चम चमकेला मुखड़ा,
कि लाखो चंदा टूकड़ा नू हो,
ए मईया, दमके त्रिशूल-तलवार
महारानी रउरी अँगना में !

पुआ-मिष्ठान, छप्पन भोगवा,
लागल बा झुलनवा नू हो,
ए मईया, झूमत बाटे शीतलि बेयार
महारानी रउरी अँगना में !

भरि गईलें बांझिनी के कोखवा,
पोछाई गईलें लोरवा नू हो,
­ए मईया, ओपिओ करत बा गोहार
ए मईया, आइल बा ‘अंजोरिया’ परिवार
महारानी रउरी अँगना में !


Loading

5 thoughts on “महारानी रउरी अँगना में”
  1. नीमिया भइली कचनार,
    महारानी रउरी अँगना में !

    राउर ‘कचनार’ शब्द से देवी गीत कंचन हो गईल बा !
    बहुत नीक लागल!
    धन्यवाद !

    राउर
    रंजीत कैरोस

  2. जय माता दी………….ओ.पी.जी की नयी प्रस्तुति महारानी रउरी अँगना में सुपरहिट है! मातारानी आपकी हर मनोकामना पूरी करें!

Comments are closed.

%d bloggers like this: