शिवभक्ति गीत
– रामरक्षा मिश्र विमल
सुनींले जे भोला बाबा हईं बड़ा दानी
हमरो प किरिपा करीं तब हम जानीं.
जानियो के भसमासुर के बरदान दिहलीं
अपना बचाव खातिर भागल फिरलीं
दानी में ना बाटे केहू शिवजी के सानी.
बिष से तबाह भइल पूरा संसार जब
पी गइलीं कइलीं ना आपन बिचार तब
परहित के कतना सुनाईं कहानी ?
अन्हरो के आँखि देलीं कोढ़िन के काया
भक्त अउर दीन दुखियन पर दाया
महिमा महान हम केतना बखानी ?
विमल के रहिया में गहरे अन्हरिया
किरिपा के फेरितीं कबहुँओ नजरिया
रउरे बचावे के बा आजु मोर पानी.
308 total views, 2 views today