अन्हरिये बनल रहीत

by | Jul 10, 2010 | 2 comments

– अभयकृष्ण त्रिपाठी

बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत
करिया चेहरा दुनिया से दरकिनार रहीत.

याद आवेला जब सारा जग उजियार रहे,
सोन चिरईया के नाम जग में बरियार रहे,
मुँह में मिश्री आँखिन में आदर भरमार रहे,
स्वर्ग से सुन्दर हमार देश सारा संसार कहे,
स्वर्ग के लुटेरन के चलनी सबमें ना बहीत,
बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत

रंज ईहे बा कि अब अपने लूट रहल बा,
ब्रिटिश, मुगल के क्रूरता भी दहल रहल बा,
चार के जगह दू रोटी भी रोटी कहात रहे,
बचवन के दाना में छिपकली ना नहात रहे,
समुन्द्र मंथन में इंसानियत त ना महीत,
बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत

आगे रहे में सब दे रहल बा दुसरा के मात,
एक दुसरा के लूटे में सबही लगवले बा घात,
राजा रहे डाल प त परजा अभय चबाये पात,
आग लगा के जमालो मीडिया बनके नरियात,
मुँह में राम बगल में छुरी केहु ना कहीत,
बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत

कबीर के दोहा बुरा जो देखन हमरा याद बा,
भला जो देखन मैं चला करे के फरियाद बा,
अब त कुदरत भी हो चलल बा पूरा बेईमान,
रंग बदले में मात खा रहल बा गिरगिटान,
ग्लोबल वार्मिंग के नारा से ई जग ना पाटीत,
बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत

बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत
करिया चेहरा दुनिया से दरकिनार रहीत.

Loading

2 Comments

  1. दिवाकर मणि

    त्रिपाठी जी, का बात कहनीं….
    बढ़िया रहीत दुनिया में अन्हरिये बनल रहीत
    करिया चेहरा दुनिया से दरकिनार रहीत.

    थोड़ा कटु किन्तु यथार्थ चित्रण वाली ई रचना बिया…

  2. omprakash amritanshu

    Tripathi Ji Raur Kavita Bari Nik Lagal.Aasha
    Ba Aage Bhi Padhe Ke Mili.
    GeetKar
    O.p.Amritanshu

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up