उदय शंकर “प्रसाद” के कविता – बखारी, मजबूरी

by | Jan 13, 2023 | 0 comments

(1) बखारी

बास के चचरा गोल गोल मोडाईल
ऊपर से खरई सरिया के बंधाईल
माटी के लेप चचरा पे लेपाईल
बखारी के रूप लेके खड़ियाइल

फिर टीका लगल अगरबत्ती बाराईल
साल दू साल ला अनाज ठुसाईल
दुआर के शोभा सम्मान कहाईल
लोग के धन बखरी से गीनाईल

जेके दुआर पे जेतना बखारी
ओके इज्जत ओतने ओतना ठुमकारी
जमीन जायदाद के अंदाज बतावे
ज्यादा रखले पे लोग धनिक कहाये

आज ऊ बखारी कहवा भुलाइल
सऊसे दुआरी छोटे में समाईल
खेत के अनाज अब दोकान पे बेचाईल
बखारी के नाम जड़ से ओराईल l

(2) मजबुरी

आज ऊ फिर रोअत रहे
जाने ऊ कवन दुख ढोअत रहे
का समय ओके मरले रहे
या दुनिया से धोखा खइले रहे

आंख से आंसु झर झर बहे
चेहरा ओके बहुत कुछ कहे
का तन्हाई के गम खइले रहे
जाने ओके कवन दुख धइले रहे

का ऊ अपना से रहे मारल
या रहे ऊ भुख से हारल
का ओके कुछ रहे भुलाइल
आखिर काहे आसूं आइल
जाने कवन चीज ऊ खोजत रहे
आज ऊ फिर रोअत रहे

ना देह दिल से ऊ रहे आपहीज
कुछ जरूर भइल रहे नजाईज
फूट फूट के ऊ रोअत रहे
ना कुछ केहू से कहत रहे

आंसू गिरे जईसे होखे बरसात
ना बिजली न गर्जन के साथ
जाने कवन खुशी ओके रहे छिनाईल
आज ओके अईसन घड़ी रहे आईल l

– उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग),
हिंदुस्तान कॉलेज ऑफ आर्ट्स एंड साइंस, तमिलनाडु

 

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up