कलयुगी मेहरारु

by | Jun 17, 2010 | 2 comments

Santosh Patel

– संतोष कुमार पटेल

अब सीता सावित्री लक्ष्मी पार्वती
जइसन नाम
आउटडेटेड हो रहल बा
काहे की अब लोग
अपना आंख के पानी
अपने धो रहल बा.
लाज ओइसही बिलाइल जाता
जईसे गरम तावा पर पानी के एगो बूंद
रेगिस्तान में घडी भर के वरखा
अब आँखिन में सरम के काजर नइखे लागत
बेसरमी के सुरमा लागत बा
पुन्न भागत बा
पाप जागत बा
अंधरिया के चान नियर
कपडा
घटत जात बा देहीं से
नेह लागत बा जेहि सेही से
पति परमेश्वर के भाव
घटत जाता
बॉय फ्रेंड से नेह
सटल जाता
संस्कार के सुरुज के ग्रहण लागल बा
गुरु सूतल बाड़े
राहू जागल बा
कहाँ जाई मेहरारूअन के
इ स्वतंत्रता केहू के का बुझाता?
का करबे विधाता
पब में गईला के बहार हो गइल
अपना संस्कृति के बंटाधार
हो गइल
रोकवइया कहातारे
पुरातनपंथी
आ एह पर बुद्धिजीवी लोगन के
अजबे बा नारा
केशरिया वालन के करनी बा सारा
नइखे लउकत देवी कहायवाली
के चरितार कहाँ, जा रहल बा
उडीस चाटत बा
घुन खा रहल बा
देह के
नेह के
कहे की कम्निष्ठ लोग
दवरी करेला बिना मेह के

(इ कविता “भोजपुरी माटी” कोलकत्ता के अगस्त,२००९ अंक में छपल रहे.)


संतोष पटेल के दूसर कविता

कवि संतोष पटेल भोजपुरी जिनगी त्रैमासिक पत्रिका के संपादक, पू्वांकुर के सहसम्पादक, पूर्वांचल एकता मंच दिल्ली के महासचिव, आ अखिल भारतीय भोजपुरी भाषा सम्मेलन पटना के राष्ट्रीय प्रचार मंत्री हउवें.

Loading

2 Comments

  1. संतोष पटेल

    DIWARKARJI
    DHYANAVAD
    RAURA SAT PRATISHA THIK BANI. A GO HAMAR PAKSH HO SAKELA T RAURO DEWAL DUSAR PAKSHA OTNE SASHAKT BA.
    RAURA PADANI, AA APAN PARATIKRIYA DENI
    DYANBAD.
    RAURA ADDRESS PAR A GO “BHOJPURI JINIGI” KE PATRIKA BHEJ DELE BANI.ASHA BA NIK LAGI.
    NEH CHOH BANWALI RAHIN.
    SANTOSH PATEL

  2. दिवाकर मणि

    संतोष जी, राऊर चिन्ता बहुत जायज बा, लेकिन ईहो बात माने के पड़ी कि जिनगी भर घर के मेहररुअन के साथे जेतना अत्याचार मरद लोग कईले बाड़े, ओकरे ई प्रतिकार ओ लोगन के तरफ से दिखाई दे रहल बा (चाहे ई प्रतिकार नकारात्मकता से भरल काहे ना होखे)। दोसर बात ई कि अभियो स्त्रीवर्ग के नैतिकता के स्तर हमनी मरद समाज से कई सौ गुना ऊपर बा। जेतना भ्रष्टता, कुसंस्कार, व्यभिचार (माफ करीं…मेहरारु लोगन खातिर प्रयोग कईल जाए वाला ए शब्द के मरद लोग खातिर प्रयोग कर रहल बानीं) इत्यादि पुरुस में विद्यमान बा, ओकरा बारे में लिखल आ बतावल जाव त एगो लमहर पुराण लिखा जाई। अगर परिवार आ समाज के आधा हिस्सा के बहुत ही कम प्रतिशत गड़बड़ा गईल बा, त ओकरो कारन ई पुरुस लोगे बा।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up