गीत

by | Jul 28, 2010 | 0 comments

Ram Raksha Mishra Vimal

– रामरक्षा मिश्र विमल

खरके मड़इया के सींक
रहि रहि टङाला परान.

सूरज सुतल बाड़े रतिया उतान
परसो होई एक पल के बिहान
मन के जवन लागे नीक
ओही प मनई के शान.

खतरा बा लँघला प आपन सिवान
कठवति के गंगा में कउवा नहान
बनि जाला जीवन के लीक
थथमेला मन के उठान.

तिकड़म के बाती से ललसा धुआँय
स्वारथ के लवना से नेहिया फँफाय
अब कइसन गलती का ठीक
जेकर हो जतना उड़ान.


अँजोरिया पर विमल जी के पुरान रचना


पता ना कवना गड़बड़ी से एह पन्ना पर टिप्पणी बन्द हो गइल बा. हम कई बेर चालू करे के प्रयास कइनी बाकिर होत नइखे.
एहसे एगो सुधि पाठक के इमेल से मिलल टिप्पणी गीत का साथही लगा देत बानी,
संपादक


विमल जी के ए समकालीन गीत से हम परिचित बानी | जब नवंबर २००८ में मुंबई में एगो क्षेत्रीय उग्र राजनीतिक नेता के बुरी तरह शिकार भइल उत्तर भारतीय खासकर हिंदीभाषी लोग, राजनीतिक पार्टी देशहित के ताख प राखिके अपना पाटी के अस्तित्व बचावे में जुट गइली स आ बिहार-यूपी के लोगन प जुल्म होखे लागल त उहाँ का ई गीत लिखले रहीं | बाद में ई कवनो भोजपुरी पत्रिका में भी छपल रहे |
“खरके मड़इया के सींक” भोजपुरी के चुनिंदा नवगीतन में एक बा.एकरा में प्रयुक्त आधुनिक बिंब आ प्रतीकन का साथे लोकोक्तियन के अतना नीमन प्रयोग भोजपुरी में कम लउकता |
-पथिक भोजपुरी

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up