तुहीं बतावऽ

by | Jun 30, 2012 | 1 comment

Dr.Ashok Dvivedi

– डा॰अशोक द्विवेदी

तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?
खाए के बा अखरा रोटी
सूते के बा घास-पात पर!
तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?

अपना खातिर, तोहरा खातिर
भा अझुराइल सपना खातिर
विघटब-टूटन-फिसलन वाला
नव समाज के रचना खातिर?
जागत-जागत, मन रिसिआला
जर भुन जाला बात-बात पर!
तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?

राजनीति, नित नया तमासा
करे न कुछऊ, देले झाँसा
सत्ता से बा दूध-मलाई
जनता के छितराइल आसा
मंत्री, सैनिक, छुद्र पियादा
राजा खातिर बा बिसात पर!
तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?

केकरा खातिर जगल कबीरा
केकरा धुन में जोगिन मीरा
केकरा मंगल खातिर तुलसी
मानस रचलन, सहि-सहि पीरा
जोति जरवलन, भितरी-बहरी,
अपना कवना हीत-नात पर?
तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?

लुत्ती से सुनुगे ना आगी
राग रुचे ना, भइल विरागी
दिवस-रैन, जुग सरिस बुझाता
जागत अँखिया, कतना जागी
के रोकी, के नजर गड़ाई
होखे वाला भितरघात पर?
तुहीं बतावऽ जागी कबलें
केकरा खातिर रात-रात भर?


टैगोर नगर, सिविल लाइन्स बलिया – 277001
फोन – 08004375093
ashok.dvivedi@rediffmail.com

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत नीमन, बहुते सुनर -मुनर रचना .
    एह में भाव समाईल केतना .
    { एतना ! एतना ! एतना !……………
    ओ.पी.अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up