– मनोज भावुक

जिनगी भूलभुलइया
हम हेरा जातानी.

गलती उनकर बाटे
हम घेरा जातानी.

उ सरवा निर्लज्ज ह
हम डेरा जातानी.

ताकत होइहें पत्नी
हम डेरा जातानी.

हम कोल्हू के गन्ना
हम पेरा जातानी.

क्रोघ अम्ल हs ‘भावुक’
हम सेरा जातानी.

Loading

3 thoughts on “भोजपुरी गजल”
  1. राउर भाव के भंवर में हम
    भकुआ जातानी।

Leave a Reply to Bhola PrakashCancel reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up