– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

JaishankarDwivedi
कोइला से पटरी पचरल
ले के शीशी घोटल
सांझी खानि घरे मे
माई ले रगड़ के मुंहो पोछल
बा के इहवाँ जे दुलराइल नइखे ।

माई के झिड़की खातिर
माटी मे सउनाइल
खाड़ हँसे बाबूजी
बबुआ बा भकुयाइल
अब्बो ले भुलाइल नइखे ।

लुका छिपी आइस बाइस
ती ती ती ती खेलल
सतहिया सरियावे मे
गेना पीठ पर झेलल
सुन भईया अउंजाइल नइखे ।

गोंइडे ना राखी क घूर
सपना मे देखी गोहरउर
जबले लगल सिवाने भट्ठा
आमो ना लिहलस बउर
चुहाने कुछों बसियाइल नइखे ।

खरिहाने के छोह मे
ना लाइकन के गोल
उघरल दिखे मचान
खोल रहल बा पोल
पहिली बात भुलाइल नइखे ।

चुल्हाने मे माँगल चउकी
केनी बा ओड़िचा भउकी
दुअरे ना बाजत ढोलक
चढ़ल ना छान्ही प लउकी
छन्हियों असों छवाइल नइखे ।

ओरवानी के चुवना
अब ना चढ़ी बड़ेंर
चाहे कतनों उचरे
कागा बइठ मुंडेर
बगियाँ फूल फुलाइल नइखे ।

कहाँ हेराइल आपन गाँव
सून भइल पीपर के छाँव
दीखल नाही इहों भरूका
ना हुरपेटत नन्हकू साव
जोन्हीयो त सुघराइल नइखे ।


जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

मैनेजिग एडिटर (वेव ) भोजपुरी पंचायत
इंजीनियरिंग स्नातक ;
व्यवसाय : कम्पुटर सर्विस सेवा
सी -39 , सेक्टर – 3;
चिरंजीव विहार , गाजियाबाद (उ. प्र.)

फोन : 9999614657
ईमेल : dwivedijp@outlook.com
फ़ेसबुक : https://www.facebook.com/ jp.dwivedi.5
ब्लॉग: http:// dwivedijaishankar.blogspot.in

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up