– आलोक पुराणिक

AlokPuranik

यूपी में पड़े वाला नैशनल कैपिटल रीजन उर्फ एनसीआर के एगो शहर के दर्जन भर घर में चोरी हो गइल. लोग थाना में रिपोर्ट लिखावे चहुँपल त थानाध्यक्ष ओह लोग के डांटत कहलसि – हमनी का बस बलात्कार का पीछे पड़ल बानी सँ. चोरी चकारी जइसन छोट मोठ वारदातन पर हमनी के ध्यान भटकावे में तोहन के लाज नइखे लागत. भागऽ सँ, कवनो रिपोर्ट-फिपोर्ट ना लिखाई.

लोग मुँह लटकवले लवटि लिहल.

एही थानाध्यक्ष लगे बाद में जब कुछ लोग एगो बलात्कार के रिपोर्ट लिखावे चहुँपल, त ओह लोग के बतावल गइल कि बलात्कार के एतना रिपोर्टे लिखाइल बा, सगरी राज्य में, बाकिर का ओहनी प कुछ होखतो बा का ? बलात्कार रुक गइल बा का ? जब कुछ होखते हवाखत नइखे त फालतू में टाइम खराब मत करऽ जा. वापिस हो जा लोग. कवनो रिपोर्ट-फिपोर्ट ना लिखाई. आ खबरदार केहू के बतइहऽ लोग मत ना त..

चोर मस्त बाड़े सँ एह घरी यूपी में आ ओवरटाइम करत बाड़न स. ओहनी के मालूम बा कि केहू के धेयान ना जाई ओकनी प. पुलिस आपन सगरी ताकत बलात्कार पर लगावे के दावा करत बिया आ सुपर-मस्त बिया काहे कि कवनो वारदात के रिपोर्ट लिखे के नइखे पड़त.

यूपी के एगो सरकारी नेता बतावत बाड़न कि महिला सुरक्षा के मामिला में यूपी के रेकॉर्ड 90 फीसदी बेहतर बा दुनिया से. नाइजीरिया में बोको हरम नाम के आतंकी संगठन सैकड़न लड़कियन के उठा ले गइल बा जबकि हमहन किहाँ बमुश्किल दस गो के आँकड़ा बा.से भइनी सँ नू नब्बे फीसदी बेहतर !

उफ्फ, महिला-सुरक्षा के बेहतरी के कतना नायाब परिभाषा पेश कइले बाड़न. परिभाषा-आशय बदलत बाड़ी स. लोकसभा में कांग्रेस के नेता बनावल मल्लिकार्जुन खड़गे के कहना बा कि राहुल गांधी योद्धा हउवन. समुझ लीं कि राहुल गांधी विकट योद्धा हउवन. ऊ आखिर ले युद्ध लड़त रहलन एह बाति ला कि उनका के लोकसभा में कवनो जिम्मेदारी के काम मत मिल जाव आ देखीं कि ऊ आपन युद्ध जीतियो गइलन.

नेतवो कइसन कइसन बात करत बाड़ें. ओह दिन एगो पत्रकार आ सीपीएम नेता प्रकाश करात के बातचीत कुछ एँवई भइल –

सूतले सूतल प्रकाश करात बोललन – सरकार त तिसरके मोर्चा के बनी.

सर, सरकार बनले त दस दिन हो गइल.

प्रकाश करात उठे के कोशिश करत बोलले – ओके तब साल 2019 में सरकार तिसरके मोर्चा के बनी.

सर, एतना बाद के बात अबहिएं से ?

हमनी का बहुते आगे के देखी-सोचीलें.

रउरो फिदा हो जाईं अइसनका फॉरवर्ड-लुकिंग प.

Loading

By Editor

2 thoughts on “ओवरटाइम करत चोर”

Comments are closed.

%d bloggers like this: