jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

रामचेला बाबा लस्टमानंद के लगे अईले आ आवते नर्भसा गइले. टेंनसनिआइल तऽ पहिलहीं से रहले. तनी अस्थिर भइले तऽ बाबा पूछले, का हो का बात बा. रामचेला थूकि घोंटि के कहले- सुनलऽ हऽ रेलवे के सब इस्टेशन हवाई अड्डा के बराबर होखे जा रहल बाड़े सन.

सुनि के बाबा लस्टमानंद अकचका गइले. का हो सांचो?

हां हो.

ई मालूम भइल हऽ का कि कवन इस्टेसन कवना ग्रेड के हवाई अड्डा के दर्जा पायी. अपना गांव के लग के सरसर इस्टेशन कवना ग्रेड के के होई. अभी कुछ दिन भईल बचई पांड़े अपना बेटा के लग से आवत रहले. उहां बेटवा कहीं असाम से अउरी उत्तर पूरुब में रहेला. बतावत रहले कि ऊ हवाई अड्डा पर बइठल रहले आ कर्मचारी आ के सवाचऽ सन कि का हो बंबई जइबऽ, लोग कहे ना भाई बागडोगरा जाइब. एकदम घरउ मामला लागे. कहीं सरसरो में इहे ना होखे कि समान के जांच करे वाला कहे कि भाई लगे चूना धइले बाड़ऽ तऽ तनी सुर्ती बनावऽ ना. अब बतावऽ कि जब इस्टेसन में लगातार बिजली रही आ बत्ती जरऽत रही तऽ कातना गलतफहमी हो जाई. बुझाई ना कि गांवें बानी कि बिदेश में. अब बतावऽ कि डर हो ना हो जाई गजाधर बाबा के रेल पर चढ़ावे अइनी आ गाव छूटि गइल. बिजलीविहीनता खाली आंखिये के कष्ट ना देला ऊ तऽ मन के भी शंकाशील बना देला कि सांचों हम कहां बानी. काहे कि लोग कही अरे, दू घंटा से लाइन बा अब तऽ चलिये जाई. जे ना गइल तऽ जरूर छोटका लक्ष्कवा जेनरेटर चलावत होई, अब्बे आई डीजल के रुपिया मांग. अइसन कई तरह के व्याधि मन में शंका के पहाड़ खड़ा कऽ देला. मान लऽ होइकयो गइल तऽ का इस्टेसन के कायदा कबो एयरपोर्ट अइसन हो सकेला. आ स्टेशन के माजा कबो हवाई अड्डा दे सकेला. देस भर के स्टेशन पर चाह बिकाला. एकदम रद्दी चाह होला. दस रुपिया से कम में भेंटाला. लेकिन चाह बेचे वाला जब चकेहु चाय्य गरम- चाय्य गरम कही के बेंचेला तऽ ओकर दोसरे सुख होला. इस्टेसनन में चाह 40 रुपिया कप होला आ कतनो रद्दी होखो. अतने ना अब इस्टेसन में भीखमंगा कवना ग्रेड के होहें सन. इहो एगो प्राब्लम बा. एह पर प्रोफसर उमा बाबा कहले, काका आलू टमाटर के दाम अतना बढ़ऽता कि साधारण मोसाफिर भीखार हो जाई.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: