भउजी हो !
का बबुआ ?
तोहार नाँव का हऽ ?
ना बताएब.
तोहार उमिर कतना भइल ?
ना बताएब.
तोहार धरम का ह ?
ना बताएब.
बिआहे अइलू ओकरा बाद कतना के गहना बनववलू ?
ना बताएब.
कवना बेमारी के ईलाज करावे नइहर गइल रहलू ?
कई हालि कह दिहनी कुछ ना बताईब त कुछ ना बताईब. आजु काहे एह पूछताछ करे में लागल बानी ?
बस अइसहीं. देखे के चहनी कि एह सवालन के तू का जवाब देत बाड़ू. बाकिर तू बतावत काहे नइखू ?
एहसे कि एहसे हमार प्राइवेसी उघार हो जाई !
अब छोड़ अब एह फगुआ का मौसम में प्राइवेसी उघारे के बाति मत करऽ. गुझिया बनवले बाड़ू कि ना ? आ कि इहो ना बतइबू ?
ई काहे ना बताएब अपना लहूरा देवर के. आ बतइबे ना करब खियइबो करब. चलीं.
चलऽ.