ModiNomination
भउजी हो !
का बबुआ ?

बिहार आ भोजपुरी में का एक जइसन बा ?
अपना हक ला घिघियाए के आदत.

तनी अउरी साफ करऽ.
बिहार के विशेष राज्य के दरजा चाहीं आ भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में जगहा. दुनू के मालूम बा कि एह बात ला पहिले से पैमाना तय होला. भोजपुरी आ बिहार के माॅग जायज बा बाकिर माॅगे के तरीको का बारे में इहे बात ना कहा सके. भोजपुरी के लड़ाई लड़े वाला लोग भोजपुरी प ओतना धेयान ना देव जतना देवे के चाहीं. त बिहार के विशेष राज्य के दरजा माँगे वाला अगर बिहार के विकास प ओतने धेयान देतें त बिहार अइसहीं विशेष बन जाइत केहू से कहे के ना पड़ीत.

सुननी हँ जे बिहार के लोग नाराज बा कि भाजपा अपना घोषणा पत्र में बिहार खातिर विशेष राज्य के दरजा के कवनो वादा नइखे कइले.
कवनो दोसरा राज्य के विशेष राज्य बनावे के कहल गइल बा का?

ना.
त बिहार का बारे में कइसे कह दीत भाजपा ? आ खास क के तब जब मोदी बार बार कहत बाड़न कि ‘एक भारत श्रेष्ठ भारत’. भाजपा त अबकी कवनो मजहब, कवनो जाति, कवनो भाषा से उपर उठ के सभकर विकास करे के बात कहत बिया.

बिहार त वइसहीं विशेष ह काहे कि बिहार हमेशा से देश के राह देखावत आइल बा.
अबकियो नरेन्द्र मोदी के अतना बड़ बनावे में सबले बड़का हाथ नीतिशे के कहल जाई. ना त ऊ राजग से बिदकतन ना मोदी बेलाग हो पइतन. हम त कहब कि मोदी के समर्थक लोग के चाहीं कि नीतीश के पूजे लोग.

भाजपा के प्रवक्ता कब बन गइलू तू ?
जबसे रउरा पन्ना प भाजपा के शिकायत पढ़नी हम.

भउजी, लोकतंत्र में हर तरह के राय विचार के जगहा मिले के चाहीं.
दोसरा विचार के जगहा देबे ला केहू के मजबूर ना कइल जा सके. अपना दुआरे त हम आपने बतियाएब.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up