चांसो बाईचांस ना मिले

by | Oct 30, 2014 | 0 comments

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

अचके रामचेला आ के कहले बाबा लस्टमानंद से कि हो बाबा जानऽ तारऽ ई मोदी सरकार जे बा नऽ से झूठहुं हाला मचवले बा कि महंगी कम हो गइल, लेकिन सांचो महंगी कम कहां भइल बा. जवन एक दूगो चीज के दाम घटल बा ऊ तऽ चांस हऽ बस. बाबा झुंझुआ गइले आ कहले, जबसे मोदी भाई के सरकार बनल बा तबसे कई लोगन के पेट में पानी नइखे पचत. जबे देखऽ तबे ऊ लोग मोदी सरकार के आ ओकर काम के पानी पी पी के कोसऽता लोग. अब देखऽ ई कवनो बात भइल कि लोग सुतत-बइठत कहऽत रहे कि ई मुई महंगी घटते नइखे. अब जब महंगी कम हो गइल आ उहो दिवाली के ठीक पहिले तऽ लोग माने के तैयार नइखे कि अच्छा दिन आ रहल बा. अतने ना इहो कहऽता लोग कि महंगी तऽ अपने से घट गइल हऽ. बेकारे सरकार आपन पीठ ठोक रहल बिया.

रामचेला कहले, बाबा अर्थशास्त्र हम पढ़ल बानी अपना इस्कूल के दिन में. ई बतावऽ कि सरकार के कवन अइसन काम बा जेह से महंगी घट गइल. ऊ तऽ यूक्रेन के उपरवांती हो के रूस आ अमरीका लड़ पड़ल लोग आ तेल के दाम घट गइल. ई महंगी तऽ बाईचांस घट गइल.

बाबा कहले, राम चेला देखऽ, तूं मोदी भाई के कामयाबी से जरऽतारऽ. ई बतावऽ कि बाईचांस खाली बाईचांसें हो जा ला. अगर होखे के रहित तऽ मनमोहन काका के जमानो में दू एक बार होखित कि ना. मोहनो काका के जमाना में रूस रहे, अमरीको रहे आ यूक्रेनो रहे लेकिन ओकनी के मामला कबो ना फंसल. कबो टंटा ना भइल. अब मोदी जी के किस्मत से ओकनी का भिड़ गइले सन तऽ का होई. पीठिया तऽ उनही के ठोकाई. रामचेला चांसो बाईचांस ना होला. अब जहां ले करे के सवाल बा रामचेला तुंहुं पुरनका जमाना में बाझल बाड़ऽ. अरे ऊ जमाना अलग रहे जब कहल ना जात रहे खाली कइल जात रहे. अब कइला से बेसी जरूरी कहल बा. ना कहबऽ तऽ बुरबक कहइबऽ. अब बोलले के जमाना बा. मुंह से बोल के फोन आ कम्प्यूटर चल जाऽताऽ तऽ आदमी के नेतागीरी काहे ना चली. अरे ऊ जमाना नइखे कि चुप्पा बोलता के हराई अब तऽ जेतने बड़हन बोलता होई ऊ सबके हरा दी, जान गइलऽ राम चेला. आ सरकार जे बा ऊ बोलता आ तूं हारऽ तारऽ काहे कि तूं ओतना ना बोलऽ पइबऽ.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up