दोसरा के सतावल भक्ति ना हऽ

by | Sep 18, 2010 | 1 comment

– जयंती पांडेय

ओह दिन जब भगतजी मुअले, तऽ सबलोग कहऽल – भगतजी स्वर्गवासी हो गइले. पर अब मालूम भइल कि भगतजी, स्वर्गवासी ना, नरकवासी भइले हंऽ. हम कहब तऽ केहू मानी ना, पर इहे सही हऽ कि उनका नरक में डाल दिहल गइल बा आ उन पर अइसन जघन्य पाप के आरोप लगावल गइल बा कि जल्दी नरक से छूटला के उमेद नइखे. अब हम उनकरा आत्मा के शान्ति के प्रार्थना करीं तबहुं कुछ ना होई. बडहन से बड़हन शोक-सभो उनका के नरक से ना निकाल सकेले.

पूरा गांव अबहियो कहेला कि भगतजी मंदिर में आधा रात ले भजन करत रहले. हर दू-तीन दिन में ऊ कवनो मालदार श्रद्धालु से मंदिर में लाउड-स्पीकर लगवा लेत रहले आ ओह पर अपना मंडली समेत भजन करत रहले. पर्व- त्योहार पर त चौबीसों घंटा लाउड-स्पीकर पर अष्टयाम होत रहे. एक-दू बार गांववाला लोग ई अखण्ड अष्टयाम के विरोध कइल लोग तऽ भगतजी भक्तन के भीड़ जमा कऽ के दंगा करावे पर उतारू हो गइले. ऊ भगवान के लाउड-स्पीकर पर प्राण देवे और प्राण लेवे पर तुल गइले.
अइसन ईश्वर-भक्त, जे अरबों बार भगवान के नांव लिहले, नरक में भेज गइले आ अजामिल, जे एक बेर भूल से भगवान के नांव ले लिहले रहले, अबहियो स्वर्ग में मजा लूटऽतारे. ई अंधेर ना तऽ का हऽ ? अंधेर कहां नइखे !

भगतजी बड़ा विश्वास से ऊ लोक में पहुंचले. बडा देर ले इहां-उहां घूमके
देखत रहले फेरु एगो फाटक पर पहुंच के चौकीदार से पूछले – स्वर्ग के दुआर इहे हऽ न ?

चौकीदार कहलस – हँ, इहे हऽ.

भगत जी आगे बढ़े लगले, तऽ चौकीदार रोकलस – प्रवेश-पत्र यानी टिकिट देखाईं.

भगतजी खिसिया गइले. बोलले हमरो टिकिट लागी इहां ? हम तऽ कबहियो टिकिट ना लिहनी. सिनेमा बिना टिकिट देखतऽ रहनी आ रेलो में बिना टिकिटे बइठत रहीं. केहू हमरा से टिकिट ना मांगल. अब इहां स्वर्ग में टिकिट मांगऽतारऽ ? हमरा के जाने लऽ ? हम भगतजी हईं.

चौकीदार कहलस – होखबऽ. पर हम बिना टिकिट ना जाये देब. आप पहले ऊ आफिस में जाईं. ऊहां आपके पाप-पुण्य के हिसाब होई अउर तब आपके टिकिट मिली.

उहां पहुंचला पर एगो दूत भगत जी के लेके भगवान के पास गइल. भगवान पूछले – तूं का कइले बाड़ऽ, जे तोहरा स्वर्ग मिले ?

भगतजी दीन भाव से बोलले – रोज आपके भजन करऽत रहनीं.

भगवान पूछले – लेकिन लाउड-स्पीकर काहे लगावत रहलऽ? एकरा से लइकन के पढ़ाई आ बच्चा-बूढ़ा की नींद हराम हो गइल.

भगत साहस बटोर के कहले – भगवान आपके नांव लोग के कान में जात रहे, ई तऽ उनका खातिर अच्छे रहे. ऊ लोग के अनासो पुण्य मिल जात रहे.

भगवान के भगत के मूर्खता पर तरस आ गइल. बोललें – पता ना ई परंपरा कइसे चलल कि भगत के मूर्ख होखल जरूरी हऽ.

भगतजी कहले – भगवन, हम कबो कवनो कुकर्म ना कइनी.

भगवान हंसले. कहे लगलें – भगत, तूं आदमी मुअवले बाड़ऽ. अपना गांव के
रामनाथ अहीर के भारी बेमारी आ सुते देवे के डाक्टर के सलाह के अनदेखा कऽ
के तूं रात रात भर लाउड स्पीकर पर अष्टयाम करवलऽ आ ओहसे ऊ मरि गइल. एतने ना बटेसर पांड़े के नाती के टेटनस भइल आ तू कीर्तन करवाये से बाज ना
अइलऽ, ई जनलो पर कि हल्ला से टेटनस के रोगी के बड़ा परशानी होला. नतीजा ई भइल कि ऊ बेचारा बच्चा मरि गइल.

भगत सुनके घबरा गइलें.

भगवान बड़ा कठोरता से कहलें – तोहार पाप देखि के तहरा के नरक में डाल देवे के हुकुम देतानी. ई सुन के भगत जी भागे के कोशिश कइले त दूत लोग धऽ
लिहल.

आपन भगतजी, जेकरा हमनी का हम धर्मात्मा बूझतऽ रहीं सन, नरक भोगऽ तारें.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    भगतजी स्वर्ग के द्वार पे पहुँच के नरक में ठेला गइलें.टूट गइल सारा सपना भगतजी के.बीखर गइल आश. हो गइलें हताश .
    राउर रचना बा बड़ी खाश .
    जयंती पांडेय जी अच्छा लागल .
    गीतकार –
    ओ.पी .अमृतांशु
    09013660995

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up