नेताजी के बदनाम करे के साजिश

by | Dec 16, 2012 | 0 comments

– जयंती पांडेय

जान जा ए रामचेला, ई इंडियन लोग एकदमे बेवकूफ होला. जेकर बड़ाई करे के ओकर मार शिकायत करऽता लोग. बुझाता कि पेट में कलछुल घुमऽता. तनिको चैन नइखे. जवन बात के ईमानदारी आ सच्चाई के सबूत माने के चाहीं ओही के लेके मार मुंह चोरववले रहऽता लोग. अब भगवा झंडा वाला पार्टीं के अध्यक्ष जी के मामला लऽ. सब लोग उनका के घोटालाबाज बतावे खातिर मार अईंठऽता , मीडिया फरके चिल्ला रहल बा. आ ओकर सुनि के गिरहथ विश्वासो कऽ ले ता. लेकिन ई त बेवकूफी हऽ, बिलकुले नामसमझी हऽ. मीडिया तऽ पहिलहीं से पगलाइल बा लेकिन रामचेला तहरा अइसन हुशियार, चालाक आ बुद्धिमान लोग के का भइल बा कि गरीब किसान, मजदूर आ अइसने लोग के विकास कऽ के नया राजनीतिक विकल्प तइयार करे के कोशिश में लागल नेता के बदनाम करे के साजिश नइखे बूझि पावत. नइखे बुझात तऽ चुप रहे के चाहीं लेकिन ना ढोल बजा बजा के चारू इयोर गावत चलऽ ता लोग आ उनका के पद से हटावे के खातिर चल रहल प्रचार में साथ दे ता लोग.

बाबा लस्टमानंद सुर्ती थूकि के रोसा चढ़ा के रामचेला से कहलें कि, ऊ कवन नेता बा ई पृथ्वी पर जे आपन बेटा-बेटी, दमाद, सार, भतीजा, भतीजी आ परिवार के आउर लोग के छोड़ के डराइवर, माली, चौकीदार आ नौकर के अपना कंपनी के डायरेक्टर बनावत होखो. अब देखऽ केतना बड़हन त्याग बा कि जेकरा के ऊ अपना कंपनी के डायरेक्टर बनावऽतारे ओकरा के ऊ नइखन जानत आ ना ऊ लोग जे डायरेक्टर बनऽता ऊ उनका के जानऽता. कइसन गुप्तदान बा ई. अइसन दर्जनों लोग बा जेकरा मालूम नइखे के ऊ नेता जी के कंपनी के डायरेक्टर हो गइल बा. आदमी से प्रेम के त इहे उदाहरण हऽ. ऊ माने नेताजी जेकरा के डायरेक्टर बनवले ओकरा सामने कभी ई ना जाहिर कइले कि ओकरा के एतहत बड़हन पद दिहेले बानी. इहां तऽ लोग दू दिन सुर्ती खिया देला तऽ मार डंका पीटत चलेला कि हम फलाने के सुर्ती खिअवनी हँऽ. नेताजी के ई काम के बड़प्पन ना कहब त का कहबऽ. अबहीं त उनकर महानता के एगो छोट हिस्सा सामने आइल बा. अभी कुछ दिन अउरी दम धरऽ त पता चली कि केतनाह लोग के ऊ बड़हन आदमी बनवले बाड़ें. लोग एगो छोट कंपनी खोले ला त बड़हन जगही जोहेला आफिस वगैरह बनावे के. लेकिन उनकर बड़प्पन देखऽ कि ऊ आपन कंपनी के कार्यालय अइसन गरीब इलाकन के झोपड़ियन में खोललें बाड़ें जहां बड़का त बड़का छोटको नेतवा जाये के ना चहिहें सन. नेताजी एकदम जमीन से जुड़ल आदमी बाड़े. जदि ई नेता जी के प्रधानमंत्री बना दिहल जाउ त उनका प्रेरणा से अइसन नेता लोग के संख्या बढ़ी जाई आ देश के कल्याण हो जाई. दुनिया भर में ई चर्चा होई, वाह रे इंडिया, जहां एगो गरीबो आदमी एगो कंपनी के डायरेक्टर बा आ हर दोसरका तीसरका झोपड़ी में एगो कंपनी के आफिस बा. जान जा, रामचेला कि कभी कभी त बुझाता कि नेताजी के बदनाम करे के ई साजिश हऽ.

बाबा लस्टमानंद के बात सुन के रामचेला चकरा गइलें कि नेता जी के भलऽ कहीं कि बदऽ.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up