भगवान एह छात्रन के सुबुद्धि देस

by | Apr 19, 2013 | 0 comments

– जयंती पांडेय

जान जा ए रामचेला, ई सीपीएम वाला लोग एकदम बेवकूफे होला. जेकर बड़ाई करे के ओकर मार शिकायत करऽता लोग. अब नरेन्दर मोदी कोलकाता आ के ममता दीदी के सरकार के बड़ाई का कर गइले कि बुझाता कि ई लोग के पेट में कलछुल घुमऽता. तनिको चैन नइखे. जवन ईमानदारी आ सच्चाई के चलते बड़ाई करे के चाहीं ओही के ले के मार मुँह चलावत रहऽता लोग. खाली कारण ई बा कि बड़ाई करे वाला अब भगवा झंडा वाला पार्टी के रहे. सब लोग एकरा पहिलहू ओकर अध्यक्ष जी के घोटालाबाज बतावे खातिर मार अईंठत चले लोग, मीडिया फरके चिल्लात रहे. आ ओकर सुनि के गिरहथ विश्वासो क ले ता. लेकिन ई त बेवकूफी ह, बिलकुले नासमझी ह. मीडिया त पहिलहीं से पगलाइल बा लेकिन रामचेला तहरा अइसन हुशियार, चालाक, आ बुद्धिमान लोग के का भइल बा कि गरीब किसान, मजदूर आ अइसने लोग के विकास क के नया राजनीतिक विकल्प तइयार करे के कोशिश में लागल नेता लोग के बदना करे के साजिश नइखे बूझि पावत. नइखे बुझात त चुप रहे के चाहीं. लेकिन ढोल बजा बजा के चारू इयोर गावत चलऽता लोग आ उनका के पद से हटावे खातिर चलत प्रचार में साथ देता लोग.

बाबा लस्टमानंद सुर्ती थूकि के रोसा चढ़ा के रामचेला से कहलें कि, ऊ कवन नेता बा ई पृथ्वी पर जे आपन बेटा बेटी, दमाद, सार, भतीजा, भतीजी आ परिवार के आउर लोग के छोड़ के डराइवर, माली, चौकीदार आ नीकर के अपना कंपनी के डायरेक्टर बनावत होखो. लेकिन दीदी के देखऽ केहु अइसन कहि देउ त हम गुलामी करब ओकर. लेकिन ई लाल पार्टी के लोग बा कि जब एहिजा कहे के कुछ नइखे भेंटात त दिल्ली में गदर मचा देत बा लोग. ई कवन राजनीति ह कि केहु के रास्ता में ध के पीट दऽ. अरे जब इहे करे के रहे त राजनीति में काहे आइल भाई. इहे करऽ त मोहल्ला के दादा कहइतऽ, खाए कमाए के जोगाड़ ओहू में रहे. रोबदाबो रहे. सबसे खराब बात त ई ह रामचेला कि छात्र लोग अइसन करम करऽता. गइल बा लोग माई बाप से कहि के पढ़े जातानी, आ जा के मारामारी करऽता लोग. पढ़ि लोग ना आ नोकरी ना मिली आ कुछ सीख पाई लोग ना त कवनो धंधो ना कर पाई लोग त बस बजारे में घूम घूम टिटकारी मारी लोग आ माई बाप के होटल के रोटी तुरी लोग. ई समूचे छात्र पीढ़ी खातिर गड़बड़ बा. भगवान ई लोग के सुबुद्धि देस कि पढ़े गइल बाड़ऽ त पढ़ऽ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up