माफी मांगे के लफंगई

by | Jan 11, 2015 | 0 comments

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

सीताराम बनिया मुंहअन्हारे बाबा लस्टमानंद के दुअरा आ पहुंचले. बाबा ओह समय बैलन के सानी-पानी करे के तइयारी में रहले. हाथ में छईंटी रहे. सीताराम बनिया के देख के छईंटी धऽ के खड़ा हो गइले.

सीताराम नीयरा आ के कहले, बाबा हो, तहरा के काल्हु कुछ कहि दिहनी त माफी चाहऽ तानी. मन में शांति ना रहे एही से सबेरे-सबेरे आ गइनी. बाबा मुस्किया के कहले, ना त, अइसन कवनो बात नइखे. आ तू त हमरा ले जेठ हउव. इस्कूलो हमरा ले ऊंचा कलास में पढ़त रहलऽ आ मान ल कवनो बात कहिये देले होखऽ त एह में माफी के कवन दरकार बा. उल्टे हम तहरा से माफी मांग लेब अगर अइसन कबो हो जाई. काहे लजवाव तारऽ भाई.

सीताराम जी कहले, ना हो, संसद के समाचार पढ़ि के चलि अइनी हं.

भाई सीताराम जी संसद में लपफंगन के कवन कमी बा. आ ओकनी के चुनियों के त हमनिये का भेजले बानी सन.

सीताराम अपना बेशर्मी पर उतरत आवत रहले. कहले, बाबा हो एतना गिरल नइखीं कि माफियो ना मांग सकीं तहरा से.

बाबा त समझ गइले कि अब ई बनिया भाई दिमाग चाट जाई. जबसे दोकान पर बइठे लागल बा तबसे एकर इहे काम हो गइल बा कि केहु ना केहु के दुअरा पर जा के एही तरह समय बरबाद करे के.

सीताराम फेरू बाबा के हाथ ध के कहले, का हो, हमरा माफियो मांगे के अधिकार नइखे?

अब ऊ मूड में आवत रहले. अचके कहले, बाबा चाह बनवाव आ एही पर बतिया लिहल जाई कि हमरा माफी मांगे हक बा कि ना.

बाबा कहले, भाई अभी बैलन के सानी-पानी देवे के बा आ ओकरा बाद भईंस खूंटा पर हुमचत बिया ओकरा दूहे के बा. तब बैद जी किहां जा के बुढ़िया के दवाई ले आवे के. अबहीं सवांस नइखे बतियावे के.

कह के बाबा जसहीं चले के भइले सीताराम जी खिसिया गइले. लगले कहे, हम माफी मांगऽतानी आ तूं जे बाड़ऽ मुड़ि पर चढ़ल जा रहल बाड़ऽ.

तूं चाह पिये आइल बाड़ऽ कि हमार खून?

सीताराम जी अउरी गरमा गइले. हाला सुनि के बाबा के श्रीमती जी निकलली. का हो सीताराम जी, का बात बा? काहे खिसियाइल बाड़ऽ?

ऊ कहले, देखऽ, तूं त समझदार बाड़ू. हम आवते अपना गलती के माफी मांगि लिहनी आ इनका से एक कप चाह पियावे के कहऽतानी आ ई बाड़े कि एकदम मुड़ी पर चढ़ल चा रहल बाड़े.

ओह दिन बाबा के बूझाइल जे जेकर लाठी ओकर भईंस. अंत में चाह बनवावे के परल आ सीताराम जी के पियावे के परल. बाबा दिन भर माफी मांगे के एह लफंगई पर सोचत रह गइले.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up