सरकार बा तऽ विवादो बा

by | Sep 15, 2014 | 0 comments

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

मोदी जी जापान गइले. उहां जा के जान जा रामचेला तासा बजवले. कतहत बड़हन काम कइले. लेकिन आहु पर विवाद हो गइल. कई गो प्रगतिशील भाई लोग पेट बिगड़ गइल. अतने ना मोदी जी खदे जापान में कहले कि राजा और प्रधानमंत्री के गीता दीहला पर देश में विवाद हो जाई. बाबा लस्टमानंद कहले कि जब मनमोहन भइवा के सरकार गइल तऽ बुझाइल कि सब विवाद खत्म हो जाई पर जब से मोदी भाई अइले तबे से विवादो आ गइल. सरकार के सौ दिन भईल आ सौ गो विवाद लाग गइल ओकरा संगे. अब ई सब विवादन से बड़ा मुश्किल हो गइल बा. मुश्किल सरकारे के नइखे मुश्किल पाब्लिको के बा. अब देखऽ ना, जब सरकार बनल तबे एगो मंत्री के योग्यता पर विवाद हो गइल. लोग लागल कहे कि शिक्षा मंत्री के पद जोगे क्वालीफिकेशन नइखे. अब लोग ई योग्यता ना देखऽल कि उनका के मोदी जी बहिन कहेले आ ऊ राहुल जी के खिलाफ चुनाव लड़ली. अतने नाहीं ऊ सास बहू वाली एक्टर हई आ अतना रोइहें कि बरखा के दरकार ना परी.

एकरा बाद विवाद हो गइल सेनाध्यक्ष के नियुक्ति पर. ई नियुक्ति के ले के पूर्व सेनाध्यक्ष आ आज के मंत्री जी विवाद पैदा कऽ दिहले. केहु तरह विवाद अभी पटाइल कि राजस्थान के अदालत एगो मंत्रीजी के बलात्कार के मामला में सम्मन भेज दिहलस. एकरा कसहुं मेटावल गइल आ प्रधानमंत्री जी विदेश यात्र पर निकलले कि एक बड़हन पत्रकार के महत्वाकांक्षा सरकार संसद दूनो सांसत में डाल दिहलस. बाब फेर कहले कि सरकार होई तऽ विवाद होखबे करी. हां अतना कम समय में आतना विवाद सचहु आश्चर्य में डाल दे रहल बा. कहल जाला नु कि ‘पूत के पांव पलने में लउक जाला’ ओसही ई कुल्ही विवाद कवनो नया इशारा तऽ नटा हऽ. हां, ई तऽ बात बा कि सौ दिन में सौ विवाद से सरकार आउर सरकारन से फरका बुझात बिया.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up