भारत तेरे टुकड़े होंगे, इंशा अल्ला, इंशा अल्ला ! – बतंगड़ 69

by | Jan 14, 2018 | 0 comments

– ओ. पी. सिंह


भारत के देशद्रोहियन के गढ़ बन चुकल जेएनयू से शुरु भइल नारा – भारत तेरे टुकड़े होंगे, इंशा अल्ला, इंशा अल्ला – के आवाज बँवारा गिरोहन के गढ़ बनल दोसरो विश्वविद्यालयन से गुजरत गुजरात आ महाराष्ट्र में जोरदार तरीका से सुनाए लागल बा त एकरा पाछे बाड़ें पीरजादा जइसन अपना पाकिस्तानी पीरन के सलाह प चलत कांग्रेसी बबुआ. अधबूढ़ हो चललें बाकिर आपन बबुआ बुद्धि छोड़े ला तइयार नइखन ई बबुआ.

पाकिस्तान से मोदी के हरावे के तरीका जाने गइल मणिशंकर अय्यर के बात सुनि के ओहिजा के एगो रणनीतिकार पीरजादा के सलाह मिलल कि मोदी के हरावे के बा त हिन्दुस्तान के हिन्दुवन के फेरु से जाति का आधार पर लड़ावे भिड़ावे के पड़ी. हिन्दुवन के एका तूड़ला बिना मोदी के हरावल ना जा सके. एही सलाह पर चलत पारसी बाप आ ईसाई महतारी से जनमल ई जनेऊधारी बाभन बबुआ गुजरात में तीन गो तिलंगन के साथे चुनावी मैदान में उतरलें. देखे वाला देखलें कि एह तिलंगन में पाटीदारन ला आरक्षण माँगत हार्दिक पटेल का साथही एह माँग के विरोध करे वाला अल्पेश ठाकुर आ अपना के दलित कहला का साथही बाबा साहेब अंबेदकर आ मायावती के खिलाफ बोले वाला जिग्नेश मेवाणी शामिल रहलें. मकसद ना त आरक्षण देबे के रहुवे ना ओकरा विरोध के. मकसद बस इहे रहुवे कि हिन्दुवन के अपने में लड़ा-भिड़ा के आपन गोटी सोझ क लीहल जाव.

भला हो नोटा बटन के कि ओकरा चलते भाजपा के नाहियो त बीसएक सीट प हार हो गइल. अइसन बहुते लोग रहल जे मोदी विरोध से प्रभावित त भइल बाकिर अतनो ना कि भाजपा का खिलाफ भोट दे देव. से ऊ लोग नोटा चुनल आ नोटा के एह फरक से भाजपा के सीट पहिले से कम हो गइल. एह जीत से उछाह में आइल कमअकल बबुआ के लागल कि अब ऊ तीर मिल गइल बा जवना से मोदी के निशाना बनावल जा सकेला. बबुआ के बुझात नइखे जे – भारत के बरबादी तकले जंग रहेगी जंग रहेगी – कहेवालन के फेर में आ ओहनी के साथी बन के ऊ अपना बरबादी तकले के जंग छेड़ दिहले बाड़न.

क्रिकेट मैचन में अइसन सुने के मिलत रहेला कि विरोधी टीम के हरावे ला अपना टीम का हिसाब से पिच तइयार कइल गइल. आ इहो सुने के मिलेला कि कई बेर एह तरह के मकसद से बनावल पिच विरोधी टीमे के फायदा करा देले. बबुआ जवन पिच बनावत बाड़न तवना के पुरान खिलाड़ी हउवन मोदी. उनुका फिरकी के बूझल समुझल बबुआ का बुद्धि का बहरा बा. बरीस 2002 से बारह बरीस ले जवन मनई मीडिया के कुकुरबझाँव आ कांग्रेसी सरकारन के सगरी तिकड़म के झेलत ओही हमला के आपन हय़ियार बना लिहलसि ओकरा के देश तूड़े वाला गिरोह का सहारे हरावल त दूर के बाति बा, एह बारे में सोचलो बुड़बकाईए कहलाई.

अचरज के बाति बा कि मीडिया में अइसन लोगन के कमी नइखे जे आन्हर कुकुर बतासे भूंके का मानसिकता से पीड़ित बा. बरीसन कांग्रेसी टुकड़ा प पलाइल-पोसाइल एह मीडिया दलालन के आपन आजीविका फेरु से जियावे ला इहे राह लउकत बा. बाकिर देश के बड़हन जमात एह चाल के समुझ गइल बा. आ एकर अन्त होखी बबुआ के राजनीतिक बरबादी में. हिन्दुवन के अपने में लड़ावे भिड़ावे में लागल एह जमात के लउकत नइखे कि ओकरा खुद का गोड़ का नीचे से जमीन सरकल जात बा. मुस्लिम मेहरारुवन के फायदा चहुँपावे वाला कानून के मुल्लन का फेर में विरोध क के एगो बड़हन समूह के अपना से फरका करा दीहलन बबुआ. आ अंबेदकर आ मायावती के गरियावे वाला जिग्नेश उनुकर अवर्ण जमात के छिटकवले जात बा. दोसरा के आँखि के माँढ़ा देखे वाला के अपना आँखि के फूला नइखे लउकत. बबुआ त बस एही से गदगद बाड़न कि भारत तेरी बरबादी तक, जंग रहेगी, जंग रहेगी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up