– ओ. पी. सिंह

पिछला हफ्ता तीन चार गो अइसन बाति सामने आइल जवना प बतंगड़ के पूरा गुंजाइश रहल. देह से अपाहिज बाकिर दिमाग से चौकन्ना आ तेज मशहूर वैज्ञानिक स्टीफेन हॉकिन्स कहलन कि हो सकेला आगा चलि के अइसन रोबोट बनि जाव जवन आदमी प हावी हो जाव. पता ना ऊ ई बाति का सोच के कहलन. कुछ दिन पहिलहीं खबर आइल रहल कि रोबोट के नागरिकता देबे वाला पहिला देश हो गइल बा सउदी अरब. सउदी सरकार एगो जनानी रोबोट के अपना देश के नागरिकता दे दिहले बावे. सबसे खात बाति ई रहल कि एह जनानी रोबोट के अतना आजादी बा जतना ओह देश के जनानी सपना ना देख सकसु. मरदन का भीड़ बीच मुँह उघार के चले आ पता ना का का करे के आजादी बा एह रोबोट के.
दोसर खबर बबुआ से जुड़ल रहुवे. अपना देश के मशहूर बबुआ एह घरी कमाल के बयानबाजी करे लागल बाड़न. करीब करीब सगरी बड़का नेतवन का लगे घोस्ट राइटर रहेलें. ई लोग भूत ना होखे मौजूद रहेला बाकिर सामने ना आवे एहसे एह लोग के घोस्ट मान लीहल गइल. से बबुआ के घोस्ट राइटर का बारे में सवाल उठे लागल त बबुआ खुदही एकर खुलासा क दीहलन कि ई सगरी काम उनुकर कुकुर पिद्दी के काम ह. एह पिद्दी के चरचा दबे छिपे पहिलहूँ होत रहल बा. बबुआ का गोल में वइसे त कुकुरन के कवनो कमी कबो ना रहल. उनुका महतारियो का लगे एगो डिग्गी रहुवे. अपना बबुआ के कुकुर प्रेम देखत डिग्गी के उनुका जिम्मे दे दिहले रही. बाकिर असली पिद्दी का सोझा एह डिग्गी के भाव ना जम सकल. आखिर असल असले होला आ नकल नकले. अब पिद्दी के जानकारी सभका हो गइला का बाद ओह गोल के नकली पिद्दियन के भद पीटा गइल बा. एहसे ऊ लोग अब अउरी तेजी से आपन पोंछ हिलावे आ गोड़ चाटल शुरू क दिहले बा अपना मालिक के.
एही बीच भूटान के राजा अपना रानी आ राजकुमार का साथे भारत दौरा प अइलन त पीएम मौदी से भेंट करे गइलन. एह मुलाकात के एगो फोटो सामने आइल जवना में पीएम राजकुमार का सोझा झुक के नमस्कार करत बाड़न. ई देखते बबुआ के गोल के पिद्दियन के लहर लाग गइल. कहे लगले कि देखीं, वंशवाद के खिलाफत करे वाला मोदी कइसे एगो राजकुमार के सोझा नव के प्रणाम करत बाड़ें. अब एह पिद्दियन के ई समुझावल त बहुते मुश्किल होखी कि सियासत आ सम्मान में लइकन साथे लइका बनि के खेलल लइकाईं ना होखे. असल में बबुआ के पिद्दियन के शिकायत एहसे बा कि पीएम ओह लोग के युवराज का पाछा त हाथ धो के लागल बाड़न बाकिर दोसरा देश के असली राजकुमार के सलामी दागत बाड़न. त एक बेर फेर दोहराएब कि असल असले होला आ नकल नकले. अगर एकरा के गलत साबित करे के होखे त बबुआ के नकली पिद्दी लोग असली पिद्दी से बेसी समझदार बनि के देखा देव.
अब पिद्दी के कमाल बतियावे का चक्कर में असली कमाल हासन के बाति छूटे के ना चाहीं. तमिलनाडु के एगो सिनेमा कलाकार हासन, जिनकर चाची 420 समेत कई गो हिन्दी फिलिमन में कमाल के काम हमनियो का देखले बानी जा, एगो बयान दे के हिन्दू आतंकवाद के साँच बता दिहलन. कहलन कि हिन्दू आतंकवाद के अब झुठिलावल ना जा सके आ ई अब उजागर होखे लागल बा. भगवान उनुका मुँह में घीव चीनी घोरसु आ उनुकर कहल साँच हो जाव त हमहुँ देवता के परसाद चढ़इतीं. इस्लामी आतंकवाद के इस्लामी माने के त छोडिए दीं, इस्लामी आतंकवादी संगठन इस्लामी स्टेट आफ इराक आ सीरिया के नाम के इस्लामी लुकावे का फेर में सभे ओकरा के आइसिस कहेला. अल्लाहु अकबर के नारा लगावत कत्लेआम करत लोगन के मजहब के नाम लेबे में एह लोग के पसीना छूटे लागेला. इस्लामी आतंकवाद के बाति लुकावे छिपावे का फेर में पिछला कांग्रेसी सरकार हिन्दु आतंकवाद के नाम उबीचले रहुवे. काश सचहूँ के हिन्दु आतंकवाद रहीत त ई लोग एकरो नाम लेबे में डेराइत. से हम त अब इहे मनावत बानीं कि जइसे साइफी लेखकन के सपना बाद में वैज्ञानिक अपना मेहनत से साँच बना देलें वइसहीं कवनो बेंवतगर मनई हिन्दूवनो में सामने आइत आ हिन्दू आतंकवाद के कल्पना साँच क दीत.
हम त परसादी चढइतीं आ रउरा ?
(अतवार 5 नवम्बर 2017 का दिने कोलकाता से छपे वाला अखबार समाज्ञा में अँजोर भइल.)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d