अबकी का चुनाव में देश ला वोट करे के बा

by | Feb 9, 2014 | 0 comments

adminअबकी के चुनाव एकहत्तर जइसन होखे वाला बा जब इन्दिरा कांगेस के टिकट प खड़ा बिजली के खंभा ले जीत गइल रहले. बाकिर सोचे वाली बात होखी कि का भाजपा का लगे अइसन बेंबत बा जे उ अपना उमीदवारन के देश के हर राज्य से जीता ले जाव?

ई एगो बड़हन सवाल बा आ बेर बेर भाजपा विरोधी एही बात के उछाले में लागल बाड़े कि देश के कुछेक राज्य छोड़ के भाजपा के कतहीं कवनो अस्तित्व नइखे. हालांकि कांग्रेस के हाल एहु ले खराब बा बाकिर ओकरा से केहु ई सवाल नइखे करत. एक त एह चलते कि सभे मान के चलत बा कि अबकी कांग्रेस के सूपड़ा साफ होखे वाला बा आ दोसरे एह ला कि कुछ बुद्धुजीवियन (गलती से नइखीं लिखले) के ई शगल हो गइल बा कि हर बात में भाजपा आ हिंन्दुवन के छोट देखावे के बा.

नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री उम्मीदवार घोषित कइला का बाद भाजपा के योजना बा कि चुनाव के अमेरिका के राष्ट्रपति चुनाव जइसन बना दीहल जाव जहाँ उमीदवारे सब कुछ हो जाला. जान के भा अनजाने कांग्रेसो एह चाल में फँसत गइल बिया. अधिकतर कांग्रेसियन के मानसिकता ओह गुलाम जइसन हो गइल बा जे अपना मालिक मलिकार छोड़ दोसरा के चिन्हबे ना करसु. उनुका ला सब कुछ नेहरू परिवारे होला. नेहरू ना त इन्दिरा, इन्दिरा ना त राजीव, राजीव ना त सोनिया, सोनिया ना त राहुल, राहुल ना त प्रियंका, प्रियंका ना त उनकर बेटा. कांग्रेसियन के आवे वाला पीढ़ी ले निश्चिंत बा कि ओकर नेतृत्व करे वाला कवनो ना कवनो जनमत रहीहें नेहरू का परिवार में. कांग्रेसियन के एह अन्धभक्ति के एगो बड़का कारण इहो ह कि उ कवनो दोसरा कांग्रेसी के नेता मानल बनावल आपन हेठी समुझेले. खैर, अगिला चुनाव मोदी बनाम राहुल होत जात बा. एह बीच कुछ पोसुआ मीडियावालन के कोशिश इहो बा कि कवनो ना कवनो तरह से आ आपा पार्टी के एगो मजगर चुनौती बनावल देखावल जाव. जवन आदमी अपना बेटा के किरिया खा के पलटि मार दिहलसि ओकरा प विश्वास करे के कहत बा लोग. अलग बात बा कि देश के जनता अतना बुड़बक ना हवे जे अपना सही गलत के फैसला ना कर सके.

त भाजपा के कोशिश करे के पड़ी कि ओह राज्यन में जहाँ भाजपा के मजगर मौजूदगी नइखे ओहिजा चुनाव मोदी का नाम प लड़ल जाव. संजोग से हमनी किहाँ के वोटिंग के तरीका चुनाव चिन्ह के महत्ता बेसी देला बनिस्बत चुनाव लड़े वाला के नाम के. से आराम से एह चुनाव के अमेरिकी राष्ट्रपति के चुनाव जइसन बनावल जा सकेला जहाँ लड़ाई गदहा आ हाथी का बीचे होला. कबो गदहा जीतेला कबो हाथी. वइसे ओहजो तिसरका मोर्चा वाला जइसन पार्टियन के कमी नइखे. अलग बाति बा कि मतदाता ओह पार्टियन के कवनो भाव ना देसु. त एहिजो के लड़ाई पंजा आ कमल का बीच बना देबे के बा. हर जगहा के चुनाव पोस्टर पर नाम आ फोटो में नरेन्द्र मोदी के प्रमुखता दीहल जाव आ असली उमीदवार के नाम छोट साइज में दिहल जाव. एहसे मतदाता का सोझा चुने के आसानी होखी.

साथही अबकी मतदाता लोगो के सोच समुझ के वोट करे के चाहीं. वोट देबे से पहिले जरूर सोचीं कि का रउरा जेकारा के वोट देत बानी उ देश में स्थिर सरकार दे पाई? का ओकरा में सौ सीट जीते के कूवत बा? याद राखब कि वोट रउरा राज्य ला नइखे होखत देश ला होखत बा, आ अबकी वोट फॉर इण्डिया देबे के बा. देश ला वोट करे के बा कवनो दोसरा ला ना. जात पाँत, भाषा, मजहब सभ भुला के देश ला वोट करे के बा. देश जीती त सभे जीती, देश हार गइल त सभे हारी. त हारे ला ना जीते ला वोट करीं. अब ई रउरा प बा कि केकरा के वोट देत बानी. पंजा के कि कमल के. वइसे देश में अतना पाँक हो गइल बा कि कमल खिलावल जरूरी लागत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up