- बिहार में नयागाँव का लगे रेलगाड़ी-टेम्पो का टक्कर में 6 आदमी के मौत
- किरण बेदी कहले बाड़ी कि अगर संसद से विशेषाधिकार के नोटिस मिलल त ऊ माफी ना मँगीहे.
- शुक का दिने कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भइल फीफा अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मुकाबले में अर्जेंटिना वेनेजुएला को 1-0 से हरा दिहलसि.
- सीबीआई छापा के बाद लोकसभा अध्यक्ष के सचिव एपी पाठक के उनुका पद से हटा के मूल विभाग में भेजल गइल. छापा में बेहिसाब संपत्ति मिलल.
- शुक का दिने कोलकाता के साल्ट लेक स्टेडियम में भइल फीफा अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मुकाबले में अर्जेंटिना वेनेजुएला को 1-0 से हरा दिहलसि.
- अरविंद केजरीवाल अपना पर नौ लाख रुपिया के बकाया रहला के आयकर विभाग के नोटिस के आधारहीन बतवले.
- दू दिन का बंदी का बाद खुलल शेयरबाजार में आजुओ तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स अंक चढ़ के बंद भइल.
- गुजरात में बिना राज्यसरकार से सलाह लिहले लोकायुक्त के नियुक्ति करे वाली राज्यपाल के बोलावे खातिर भाजपा के शिष्टमंडल राष्ट्रपति से भेंट कइलसि.