(मंगल 20 सितम्बर)
- गाजीपुर के मुहम्मदाबाद आ महराजगंज में आयोजित भाजपा के विजय संकल्प सम्मेलन में भाजपा अध्यक्ष रहल राजनाथ सिंह गरजले कि विधायक कृष्णानंद राय के हत्यारन के सजा मिल के रही. बसपा आ कांग्रेस पर हमला बोलत राजनाथ सिंह कहलन कि अगर विकास चाहीं त भाजपा के जिताईं.
- राज्य परिवहन निगम अपना बेड़ा में पाँच सौ नया बस शामिल कर लिहलसि. ई जानकारी देत परिवहन मंत्री रामअचल राजभर कहले कि राज्य के सगरी बड़का बस अड्डा के इंटरनेट से जोड़ दिहल जाई जवना से लोग बस के आवे जाये के जानकारी ले पइहें आ इंटरनेट का सहारे लमहर दूरी वाला यात्री आपन सीट आरक्षित करा पइहें.
- गोरखपुर के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह आजु होखे जा रहल बा. समारोह के अध्यक्षता राज्यपाल आ कुलाधिपति बी एल जोशी करीहें आ प्रधानमंत्री के आर्थिक सलाहकार प्रोफेसर वी एस व्यास मुख्य अतिथि रहीहें.
- बसपा अपना हमीरपुर सदर विधायक अशोक कुमार सिंह के पार्टी से निकाल दिहलसि काहे कि ऊ अपना समाज के बसपा से जोड़े में असफल रहले. क्षेत्र के जनता आ पार्टी कार्यकर्तन का साथे उनुकर पटरी ना बइठ पावल.
- देवरिया के रुद्रपुर इलाका में जिउतिया पर्व पर गोर्रा नदी में नहाये गइल आठ गो लड़की डूबे लगली सँ त तीन गो के बचा लिहल गइल बाकिर पाँच गो डूब गइली सँ. गाजीओपुर जिला से चार आदमी के डूबे के खबर बा जे सैदपुर आ करीमुद्दीनपुर इलाका में डूबले.
- बांदा बलात्कार मामला में आरोपी नरैनी से बसपा विधायक पुरूषोत्तम ना॰ द्विवेदी के परिवार वालन से पूछताछ कइलसि सीबीआई टीम.
- उप्र के शाहजहाँपुर में एगो कन्या विद्यालय के 60 गो छात्रा आयरन के मिलल गोली खइला से बीमार पड़ गइली आ सभके अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
- जालौन के जिला कारागार में एगो विचाराधीन कैदी कथित रूप से फांसी लगा लिहलसि बाकिर परिजनन के कहना बा कि ओकरा के मार दिहल गइल बा. घटना के जांच के आदेश दे दिहल बा.