उत्तर प्रदेश के खबर

by | Sep 8, 2011 | 0 comments

(बियफे 8 सितम्बर)

  • उत्तर प्रदेश आ मध्य प्रदेश के अंतर्राज्यीय सीमा पर बनल राजघाट जलाशय में मछरी पालन के झगड़ा आजु बियफे का दिने दुनु राज्य का मंत्रियन का मौजूदगी में सलटा लिहल गइल.
  • बुलंदशहर जिला में एगो गाँव में चोरी करे घुसल दू गो हथियारबंद लोग के लाठी-डंडों से अतना पीटल कि एगो मर गइल आ दोसरका मरे मरे का हालत में बा.
  • इलाहाबाद में एसटीएफ मुन्ना बजरंगी के शार्प शूटर आ पचास हजार के ईनामी बदमाश संजय उर्फ बच्चा यादव के मार गिरवलसि. संजय यादव बनारस के रहे वाला रहल आ ओकरा पर कई गो हत्या के मुकदमा रहे.
  • अमर सिहं के गिरफ्तारी का विरोध में उनुकर समर्थक काल्हु बलिया में जाम लगवले आ मनमोहन सोनिया के पुतला जरवले.
  • मऊ में मुहम्मदाबाद गोहना थाना इलाका के बनियापार मोड़ का लगे बेपहरा क्रासिंग पर एगो ट्रैक्टर ट्राली गरीबनवाज एक्सप्रेस के सोझा पड़ गइल जवना से ओकर परखचा उड़ गइल आ ट्रैक्टर चालक के ओहिजे मौत हो गइल. गरीब नवाज एक्सप्रेस के इंजनो में खराबी आ गइल जवना चलते ट्रेन घंटनो टीसन पर ठाड़ रहल.
  • भठियरपनके आरोप झेलत पशुपालन मंत्री रहल बसपा विधायक अवधपाल सिंह यादव के अनुशासनहीनता का आरोप में पार्टी से निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • बुलंदशहर जिला के एगो इंजीनियरिंग कॉलेज में आपसी वर्चस्व का लड़ाई में एगो छात्र के मौत हो गइल आ तीन गो घवाहिल हो गइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up