खास खबर

  • (शुक, 28 अक्टूबर)
  • हिंदी साहित्य जगत के जानल-मानल विभूति, राग दरबारी के रचयिता, श्रीलाल शुक्ल के आजु शुक का दिने छियासी साल का उमिर में लमहर बीमारी का बाद लखनऊ के गोमती नगर स्थित सहारा अस्पताल में निधन हो गइल. ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित श्रीलाल शुक्ल के साँस में तकलीफ का चलते 16 अक्टूबर के अस्पताल में भरती करावल रहे. अस्पताले में उनुका के प्रदेश के राज्यपाल बी.एल. जोशी 18 अक्टूबर का दिने ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित कइले रहले. साल 2008 में श्रीलाल शुक्ल के पद्मभूषण से सम्मानित कइल गइल रहे.

(बियफे, 27 अक्टूबर)

  • छठ पूजा में बिहार यूपी जाये वाला भीड़ कम करे खातिर रेलवे ७४ गो स्पेशल ट्रेन चलावे के फैसला कइले बा.
  • बुध का दिने राज्य भर में दीवाली के उत्सव धूम धाम से मनावल गइल. कहीं से कवनो बड़हन दुर्घटना के खबर नइखे. लाखों श्रद्धालु बुध का दिने चित्रकूट में मंदाकिनी नदी में नहा के दीपदान कइले. कहल जाला कि भगवान राम अयोध्या लवटत घरी एही मंदाकिनी में नहा के कामदगिरी के परिक्रमा कइले रहले. तब से एहिजा परंपरा बन गइल नहा के दीपदान करे के. एही दिने गोस्वामी तुलसीदास के भगवान श्रीराम के दर्शन भइल रहे.
  • परिवहन मंत्री रामअचल राजभर कहले बाड़न कि निगम के खरचा बढ़ला का बादो बस के किराया ना बढ़ावल जाई. इहो कहले कि यात्रियन के सुविधा बढ़ावे खातिर दू हजार नया बस खरीदल जाई आ एक सौ एयरकंडीशन बस निगम के बेड़ा में शामिल कइल जाई.
  • बहराइच जिला में एगो भाजपा नेता के हत्या से नाराज भाजपाई जमके प्रदर्शन कइले.
  • बुध का रात चलावल विशेष अभियान में पुलिस एक हजार सात सौ तिरासी अभियुक्तन के गिरफ्तार कइलसि. एह खातिर पूरा राज्य में एके साथ अभियान चलावल गइल.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: