लंदन, 19 अगस्त (आईएएनएस). केविन पीटरसन आ इयान बेल के लगावल सैकड़ा ले के दुनु का बीच भइल 350 रन के साझेदारी ओवल टेस्ट में एक बेर फेरु से टीम इंडिया के गेंदबाजी के कमजोर कड़ियन के उजागर कर दिहलसि. पीटरसन आ बेल का बल्लेबाजी का सोझा भारत के गेंदबाज पूरा तरह से पस्त लउकले. ऊ इंग्लैंड के बल्लेबाजन के रन बनावे से रोके में त असफल रहबे कइलन विकेटो ले पइलन त बस तीन गो.

दुसरका दिन के खेल खत्म होखे बेरा इंग्लैंड अपना पहिला पारी में तीन विकेट का नुकसान पर 457 रन बना लिहले रहुवे. बेल 181 रन बनाके नाबाद बाड़े त दोसरा छोर पर नाइट वाचमैन बन के आइल जेम्स एंडरसन तीन रन बनवले बाड़न.

काल्हु का खेल में इंग्लैंड के तीन गो विकेट गिरल. पहिला विकेट एलिस्टर कुक के, दुसरका एंड्रयू स्ट्रॉस के आ तिसरका पीटरसन के. पीटरसन आउट होखे से पहिले 175 रनों के शानदार पारी खेलले आ 27 चौका मरले. उनुका के सुरेश रैना अपने गेंद पर लपक के कैच आउट कइले.

17 चौके आ दू गो छक्का मारे वाला बेल 181 रन बनाके अबहियो नाबाद बाड़न. एह तरह इंग्लिश क्रिकेट टीम केनिंग्टन ओवल मैदान पर आपन स्थिति मजबूत कर लिहले बिया.

पीटरसन 97 रन के कुल योग पर खेले आइल रहले. तब कप्तान एंड्रयू स्ट्रॉस के विकेट गिरल रहे जे 40 रन बनाके शांताकुमारन श्रीसंत का गेंद पर कप्तान महेंद्र सिंह धौनी का हाथे लपकल गइले.

कुक के विकेट 75 रनों के कुल योग पर गिरल रहे. दोसरका दिने कुक कवनो रन ना बना पवले.

चार मैचे के एह सीरिज में भारत के टीम 0-3 से पिछड़ल बिया. सबले माथ टेस्ट टीम के ताज गंववला का बाद अब भारत के टीम आपन इज्जत बचावे का इरादा से मैदान में उतरल बिया बाकिर खेल देख के इहे लागत बा कि ओकर इरादा मजबूत नइखे.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d