अतवार का दिने कानपुर से आइल पुलिस टीम बरहज थाना के मोहांव निवासी संतोष कुमार गौड़ के पकड़े खातिर कई जगहा छापा मरलसि बाकिर ऊ पुलिस का हाथे ना लागल. ओकरा पर आरोप बा कि पिछळा १९ अक्टूबर के ऊ कानपुर के फैजलगंज निवासी एगो मुसलमान लड़की के बहला फुसला के भगा ले गइल बा. लड़की का बाप के शिकायत पर मुकदमा दर्ज बा आ समय पर हाजिर ना भइला का चलते ओकरा पर वारंट तामिल भइल बा.