जम्मू काश्मीर सरकार पंजाब आ हिमाचल प्रदेश से लागत आपन सीमा सील कर दिहले बिया जेहसे कि कवनो आदमी श्रीनगर में तिरंगा फहरावे मत आ जाव. लागत बा कि कवनो बड़हन अपराध होखे वाला बा श्रीनगर के लालचौक में तिरंगा फहरावे के. सबले दुख के बात त ई बा कि प्रधानमंत्री तक तिरंगा फहरावे वालन के मना करत बाड़े रोके वालन के ना.