विकिलीक्स खुलासा में सांसद खरीदे का बाति खुलला का बाद पिछला संसद में नोट देखावे वाला सांसदन के आरोप सही लागे लागल. दोसरे इहो साफ हो गइल बा कि संप्रग सरकार में डेगे डेग पर अमेरिकी प्रशासन के दखलन्दाजी बा. अमेरिका तय करत लउकत बा कि सरकार में कवना मंत्री के कवन विभाग दिहल जाव. संसद में विपक्ष के जोरदार हमला का बाद प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहले कि ऊ केहू के सांसद खरीदे के ना कहले रहले (अब केहु अपना मन से खरीदले होखो त ऊ का कर सकेलें ?). कहले कि ओह आरोप का बाद भइल चुनाव में उनकर पार्टी बढ़िया से जीत गइल रहे जवन साबित कर दिहलसि कि आरोप गलत रहे. (अब एकर मतलब केहू ई मत निकाल लेव कि ऊ नरेन्द्र मोदी का जीत का बाद गुजरात दंगा के आरोप गलत मानत बाड़न. अपराधी सांसदन के चुनाव जीत गइला का बाद हर अपराध से मुक्त मानत बाड़न.) प्रधानमंत्री का बयान का बाद बवाल अउरी बढ़ गइल बा. विपक्ष सांसदन के खरीद फरोख्त के मामिला के सीबीआई जाँच माँगत बा. मौजूदा सरकार के हालत ई हो गइल बा कि ओकरा पर कवनो आरोप लगा दीं लोग साँच माने के तइयार बइठल बा. छवि के अतना फजीहत शायदे कवनो दोसरा प्रधानमंत्री के भइल होखी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d