बिहार में नीतीश बनइहन लोकायुक्त
काल्हु अन्ना का साथ भइल भेंट में नीतीश कुमार इच्छा जाहिर कइलन कि ऊ बिहार में एगो अइसन भ्रष्टाचार विरोधी निकाय बनावल चाहत बाड़न जवना का दायरा में मुख्यमंत्री समेत सगरी अधिकारी आवसु. बतवलन कि बिहार में कुछ अइसन कानून पहिलही बनावल जा चुकल बा जवना में भठियरपन वाला मामिला पर साल भर का भीतर सुनवाई हो जाव आ भठियारन के संपत्ति सरकार जब्त कर सके. अन्ना के टीम बिहार के प्रशंसा करत कहलसि कि देश के बाकी राज्यन के बिहार से एह मामिला पर सीखे के चाहीं. नीतीश सवाल उठवलन कि सरकार आपन राय बतलवले बिना राज्यन से राय पूछ रहल बिया आ राज्यन के दुनु मसविदा भेजल गइल बा से काहे ? सरकार के अपना हिसाब से जवन मसविदा बनावे के तवना पर राज्य सरकारन के राय लिहल जाव तबे ठीक होई. कहलन कि अन्ना के संसद के विरोधी ना मान के संसद के सहयोगी माने के चाहीं.
गुड़ खाएब बाकिर गुलगुला से परहेजो रही
संघ के आनुसांगिक संगठन विश्व हिन्दू परिषद तय कइले बा कि ऊ बाबा रामदेव का आन्दोलन के व्यापक समर्थन दी आ एकरा खातिर एगो संत शक्ति खड़ा करी. साथ ही बाबा रामदेव के राजनीतिक लड़ाई लड़े के रणनीतिओ समुझाई. बाकिर विहिप इहो साफ कहले बा कि ऊ बाबा रामदेव के व्यावसायिक गतिविधियन से दूरे रही. रामलीला मैदान से भागे के विहिप रणनीतिक असफलता मानत बा. साथ ही उनुकर आन्दोलन के समयो ठीक ना रहे. तब संघ रामदेव के आन्दोलन में कवनो रणनीतिक भूमिका में ना रहल आ एहू चलते रामदेव के असफलता के सामा करे के पड़ल. बजरंगो दल एह आन्दोलन का साथे जुड़े पर विचार करे जा रहल बा.
जौनपुर में आजु सेना के भर्ती रैली चल रहल बा
जौनपुर में आजु से सेना सैनिक, तकनीकि सैनिक, क्लर्क, एसकेटी, ट्रेड्समैन, आ जेनरल ड्यूटी वाला पद पर बहाली खातिर रैली शूरु कइले बिया. जौनपुर के तिलकधारी कालेज का परिसर में ई बहाली कार्यक्रम चलावल जा रहल बा. दू जुलाई के जौनपुर के अभ्यर्थी, चार जुलाई के गोरखपुर के, छह जुलाई के आजमगढ़ के, सात तारीख के मिर्जापुर के, आ आउ जुलाई के दिन बलिया के अभ्यर्थियन के बहाली कइल जाई. एह भरती रैली में कवनो गड़बड़ी भा बदइन्तजामी रोके के भरपूर इन्तजाम कइल गइल बा. भरती प्रक्रिया के पूरा जानकारी सेना के वेबसाइट से लिहल जा सकेला.
दोसरा बैंक के एटीएम में जाये से पहिले पाँच बेर सोचीं
अपना बैंक का अलावा दोसरा बैंक के एटीएम के इस्तेमाल महीना में पाँच बेर से बेसी ना कइल जा सकी. ओकरा बाद हर बेर इस्तेमाल कइला पर पइसा कटे लागी. एह इस्तेमाल में पइसा निकालले ना, अपना खाता के जानकारी लिहलो शामिल रही. पहिले मिनी स्टेटमेंट, बैलेंस के जानकारी लिहल, पिन बदलल जइसन काम निशुल्क रहे. दोसरे ई सुविधा खाली बचत खाता वाला लोग खातिर बा. चालू खाता वाला लोग के हर बेर दोसरा बैंक के एटीएम इस्तेमाल कइला पर शुल्क देबे के पड़ी. नियम आजु से लागू हो गइल बा.
गहना खरीदला पर पैन कार्ड के नम्बर देबे के पड़ी
आयकर के नजर जमाना से सोना चांदी के व्यापारियन पर बा जहवाँ करिया कमाई के जेवरात में बदले के काम धड़ल्ले से होला. अधिकतर लेनदेन बिना कागज रसीद के होला. बाकिर अब पाँच लाख रुपिया से बेसी के गहना खरीदे वाला के आपन पैन नंबर देबे के पड़ी. रिजर्वो बैंक बैंकन के निर्देश दिहले बा कि सराफा कारोबारियन के लेन देन पर नजर राखल जाव. अतने ना अब से डेबिट कार्ड लेबे से पहिले, साल में पचास हजार रुपिया से बेसी के जीवन बीमा प्रीमियम भरे वालन से, खाता में एक बार में पचास हजार रुपिया भा ओकरा से बेसी जमा करे वालन से, कवनो मोटरगाड़ी खरीदे वालन से पैन कार्ड के जानकारी लिहल जरुरी कर दिहल गइल बा. मतलब कि अगर रउरा टैक्स नइखीं देत त गहना गाड़ी कइसे खरीदत बानी ! तय मानीं कि जइसे जइसे कंप्यूटरीकरण बढ़त जाई तइसे तइसे करिया धन वालन पर शिकंजा कसात चल जाई.
अनवर फर्रूखाबादी सुपुर्दे खाक भइलन
हिन्दी फिल्मन के मशहूर गीतकार बयासी साल के अनवर फार्रूखाबादी के निधन परसो हो गइल रहे आ काल्हु उनका के फार्रुखाबाद में सुपुर्दे खाक कर दिहल गइल. अनवर साहब नाहियो त दू हजार गीत लिखले होखीहन फिल्मन खातिर. खास कर के “जिन्दगी भर नहीं भूलेगी वो बरसात की रात, एक अनजान हसीना से मुलाकात की रात” आ “हमें तो लूट लिया मिल के हुस्न वालो ने, गोरे गोरे गालो ने, काले काले बालो ने, जइसन गीत अभी बरीसन लोग का जुबान पर बईठल रहीहें सँ.
ईशांत शर्मा के जानदार गेंदबाजी से भारत आगे
दुसरका दिन के खेल बरखा का चलते खराब हो गइला का बाद तिसरका दिने जब आधा घंटा से बेसी देर से खेल शुरु भइल त शुर में वेस्ट इंडीज के बल्लेबाज खेल सम्हारे के कोशिश कइलें बाकिर बाद में ईशांत के शानदार आ धारदार गेंदबाजी का चलते १९० रन बना के वेस्टइंडीज के पूरा टीम आउट हो गइल. ईशांत शर्मा पचपन रन का कीमत पर वेस्ट इंडीज के छह गो विकेट ले लिहले. बाद में खेल खतम होखे घरी ले भारत बिना कवनो नुकसान के अपना दुसरका पारी में २० रन बनवले बा.