बाबा के अनशन टूट गइल
करिया धन का खिलाफ पिछला नौ दिन से अनशन पर बइठल बाबा रामदेव के अनशन साधु संतन खास करिके श्री श्री रविशंकर का कहला पर टूट गइल. आजु डाक्टर लोग के कहना रहल कि बाबा के स्वास्थ्य के कवनो खतरा नइखे काहे कि उनुका के टोटल पैरेन्टेरल न्यूट्रिशन दिहल जा रहल बा. एह तरीका से बाबा अबही बहुते दिन ले अनशन कर सकत रहले. बाकिर केन्द्र सरकार के बेरुखी देखत उनुका लगे राह ना बाचल रहे. काल्हु उत्तराखण्ड के मुख्यमंत्री निशंक प्रधानमंत्री पर तब गरजल रहले जब प्रधानमंत्री कहले कि राज्य सरकार के बाबा के स्वास्थ्य के ख्याल राखे के चाही. निशंक कहलन कि आपन काम त करत नइखन दोसरा के सीख देत बाड़न. बिना राज्य सरकार से पुछले बाबा के लिआके एहीजा पटक गइल लोग. बाबा के आन्दोलन पर जवना निरंकुश तरीका से केन्द्र सरकार हमला बोलले रहुवे तवना के कवनो लोकतांत्रिक मिसाल ना मिली.
नीतीश कुमार चीन का सफर पर
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु दिल्ली से चीन खातिर उड़ान भरीहें जहाँ उनकर सात दिन रह के कार्यक्रम बा. मुख्यमंत्री का साथे जल संसाधन मंत्री विजय कुमार चौधरी, पर्यटन मंत्री सुनील कुमार पिंटु समेत सात लोग के टीम जा रहल बा. ओहिजा ई लोग बुद्धिज्म मैपिंग एशिया हिस्टरी एण्ड कल्चर पर आयोजित क्षेत्रीय सम्मेलनो में शामिल होखी.
कृषि विश्वविद्यालय में नौ सौ लोग के बहाली
बिहार के सबौर स्थित बिहार कृषि विश्वविद्यालय में एह साल नौ सौ पद पर बहाली होखे वाला बा. ई जानकारी ओहिजा के कुलपति डा॰ मेवालाल चौधरी आम प्रदर्शनी के उद्घाटन करत दिहलम. बतवलन कि सरकार विश्विविद्यालय के विकास खातिर एक हजार करोड़ रुपिया के आवंटन दिहले बिया..
यूपी में सड़क बनावे खातिर सात हजार करोड़ के खरचा
यूपी सरकार एह लेखा साल में सड़कन के निर्माण पर सात हजार निनान्बे करोड़ रुपिया खरच करे के योजना बनवले बिया. एहमें से पाँच हजार करोड़ रुपिया के मंजूरी दिहल जा चुकल बा. पूरा राज्य में दू सौ बयालिस पुल बनावल जा रहल बाड़ी सँ जवना में से नब्बे गो के एही साल पुरा कर लेबे के बा.
गंगा दशहरा पुजा अर्चना का सांथ मनावल गइल
काल्हु प्रदेश भर में गंगा समेत सगरी नदियन किनारे लोग नहान कइल आ पूजा अर्चना कर के गंगा दशहरा मनावल. अयोध्या में सरयू तट पर फूल बंगला सजावल गइल आ सरयू नदी के महाआरती कइल गइल. जवना में अयोध्या के बहुते साधु संत शामिल रहले.
हॉकी चैम्पियनशिप
भोपाल में हो रहल हॉकी चैम्पियनशिप में काल्हु चंडीगढ़ राजस्थान के, यूपी केरल के, एयर इण्डिया छत्तीसगढ़ के, हरियाणा मेघालय के हरा दिहले. हाकी से जुड़ल एगो दोसरा खबर में कहल गइल बा कि खेल मंत्रालय हॉकी इण्डिया आ हॉकी फेडरेशन के आपसी सलाह से समझौता कर लेबे के कहले बिया. नया प्रस्ताव से केपीएस गिल के आजीवन संरक्षक बना दिहल जाई आ उपाध्यक्षो पद हाकी फेडरेशन का लगे रही. साल २०१४ मे नया चुनाव करा के कार्यकारिणी बना लिहल जाई.
भारत तिसरको एकदिना जीत लिहसलि
काल्हु भारत वेस्ट इण्डीज के तीन विकेंट से हरा के तिसरको एकदिना जीत लिहलसि आ साथहीसाथ पाँच मैच के सीरीज अपना नामे करा लिहलसि. काल्हु भारत का सोझा जीत खातिर २२६ रन बनावे के लक्ष्य रहल जवना खातिर भारत सात विकेट का नुकसान पर २२८ रन बना लिहलसि जबकि बाइस गो गेंद फेंकल बाकिये रहल.
सानिया नेहवाल हार के बाहर भइली
थाइलैण्ड में चल रहल ओपन ग्रांड प्री बैडमिंटन टूर्नामेंट में काल्हु क्वार्टर फाइनल में भारत के सानिया नेहवाल चीन के झुएर्वी ली से सीधा गेम हार के बाहर हो गइल. उनुका साथ ही भारत के चुनौतिओ खतम हो गइल.