लोकसभा स्पीकर पीएसी के रिपोर्ट लवटा दिहली
टूजी घोटाला का मामिला में दाखिल लोक लेखा समिति के ओह रिपोर्ट के लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार लवटा दिहले बाड़ी जवना में प्रधानमंत्री कार्यालय के एह मामिला में लिप्त बतावल गइल रहे. लोक लेखा समिति में कांग्रेस अपना समर्थकन का साथे पूरा कोशिश कइले रहे कि समिति के रिपोर्ट रद्द कर दिहल जाव आ एगो मतदान करा के लोग रिपोर्ट के रद्दो कर दिहले रहे. कांग्रेस हर कोशिश में लागल बिया कि घोटाला, भ्रष्टाचार, काला धन का खिलाफ चल वाल हर आन्दोलन के विरोध कइल जाव.
अन्ना हजारे सोनिया गाँधी से जबाब मँगले
अपना पर संघ से साँठ गाँठ के आरोप लगवला से दुखी अन्ना हजारे सोनिया गाँधी के चिट्ठी लिख के कहले बाड़न कि कांग्रेसी उनका पर बेजा आरोप लगावत बाड़े. अगर कवनो सुबूत होखे त दिहल जाव. अन्ना एह बात से बहुत दुखी बाड़न कि पूरा जिनिगी राजनीतिक दलन से दूरी बनवला का बावजूद उनका पर एह तरह के आरोप लगावल जा रहल बा.
भठियरपन मानवाधिकार के सबले खराब रूप
सुप्रीम कोर्ट काल्हु कनिमोरी के याचिका पर सुनवाई करत कहलसि कि भ्रष्टाचार मानवाधिकारन के सबले खराब रूप ह आ एकरा पर पूरा रोक लागे के चाहीं. कनिमोरी के याचिका पर सीबीआई से जबाब दाखिल करे के कहल गइल बा आ एह याचिका पर फेर २० जून के सुनवाई होखी तबले कनिमोरी जेले में रहीहन जइसे कि ना चहला का बावजूद द्रमुक कांग्रेस के दिहल समर्थन वापिस नइखे ले पावत.
योग गुरु के योग ना करे के सलाह
बाबा रामदेव के आजु अस्पताल से छूट्टी दे दिहल गइल बाकिर उनुका के सलाह दिहल गइल बा कि कुछ दिन ले ऊ योग आ प्राणायाम वगैरह ना करसु. पता ना हर बीमारी के योग से ठीक कर देबे के दावा करे वाला बाबा रामदेव एह सलाह के मनीहें कि ना.
लापता व्यापारी के लाश मिलल
रोहतास जिला के डालमियानगर थाना के मकराईन मोहल्ला से एक हफ्ता पहिले अपहृत चावल व्यापारी के लाश सोन नदी से लाश मिलल बा. एगो दोसरा मामिला में रोहतासे के दावथ थाना के हतदीहा गाँव में गोली मार के जदयू नेता राजेश्वर तिवारी के हत्या कर दिहल गइल बा.
बलिया में एगो आदमी से डेढ़ लाक रुपिया के लूट
शिवपुर दियर के सीताराम कोहार काल्हु बलिया शहर में यूनियन बैंक के मुख्य शाखा से एक लाख साठ हजार रुपिया निकाल के झोरा में डाल के कचहरी स्थित मुख्य डाकघर गइलन. ओहिजा दस हजार रुपिया जमा कइलन आ बाकी रुपिया ले के आटो टेंपो पर सवार हो के अखार ढाला पर उतरलन. ओहिजा पहिले से मौजुद एगो मोटरसाइकिल पर सवार दू गो नवजवान उनका से झोरा छीन के भाग गइले. पुलिस ओकनी के खोजे में लागल बिया.
खेल समाचार
काल्हु के चउथका एकदिना में वेस्टइंडीज भारत के १०३ रन से हरा के लगातार चार मैच से चलत आ रहल हार के दौर पलटि दिहलसि. बाकिर भारत पाँच मैच के एह सीरीज के पहिलही जीत चुकल बिया.
अतवार का दिने खतम भइल जूनियर एशियाई कुश्ती चैंपियनशिप में भारत के तीन गो स्वर्ण, दू गो रजत, आ दू गो कांस्य पदक मिला के सात गो पदक मिलल.
भोपाल में चलत सीनियर पुरुष हॉकी चैम्पियनशिप में महाराष्ट्र, सेना, आ तमिलनाडु के टीम हार के बाहर हो गइल बाड़ी सँ. आजु आराम के दिन ह आ काल्हु से नॉक आउट मुकाबिला शुरु होई.