बबुआ के बयान पर राजनीति गरमाइल

मुंबई में भइल आतंकी हमला का बाद आइल कांग्रेसी बबुआ के बयान पर राजनीति गरमा गइल बा. शिवसेना बाबा के कहना बा कि बबुआ के ममहर भेज दिहल जाव, बहुते अनाप शनाप बके लागल बा ई. असल में बबुआ बस अतने कहलसि कि सगरी हमला रोकल ना जा सके. सौ में से एगो त केहू ना केहू तरह होइये सकेला. बाकिर करीब करीब सगरी कांग्रेस विरोधी दल एह बयान के लेके बवाल मचा दिहले बाड़न. बबुआ के सम्हारे देखभाल के जिम्मेदारी जवना दिग्गी राजा के दिहल गइल बा ओह डिक्की के कहना बा कि गनीमत बा कि हमनी का हिन्दुस्तान में बानी सँ ना त पाकिस्तान में त रोजे भा हफ्तवारिये अइसन हमला होत रहेला. पुरनका गृह रा्ज्य मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल के बयान आइल बा कि ई सरकार के उपलब्धि मानल जाये के चाहीं कि अतना दिन बाद कवनो आतंकी हमला भइल बा देश में. गृह मंत्री पीचि एह हमला के खुफिया तंत्र के कमी माने के तइयार नइखन जबकि अपने बयान में खुदे कहलन कि ई हमला सुनियोजित तरीका से कइल गइल बा. प्रधानमंत्री कहले त बाड़न कि अपराधियन के जल्दिये गिरफ्तार कर लिहल जाई बाकिर अबही ले अपराधियन के कवनो सुराग नइखे मिलल. अगल बगल के सीसीटीवी में कैद तस्वीरन में कुछ संदिग्ध लोग के देखे के बात कहल जा रहल बा.


सुप्रीम कोर्ट के फैसला के चुनौती दी सरकार

सरकार करिया धन का मामिला में सुप्रीम कोर्ट के ओह फैसला के चुनौती देबे जा रहल बिया जवना मे एगो अवकाश प्राप्र न्यायमूर्ति का अध्यक्षता में एगो स्पेशल टास्क फोर्स बनावे के बात कहल गइल बा. सरकार के कहना बा कि ई विधायिका का काम में न्यायपालिका के बेजा दखल बा आ पूरा आदेश रद्द होखे के चाहीं. सरकार अपना पुरनका कानून मंत्री के पहिलही बदल दिहले बिया जे सरकार के फजीहत से ना बचा पवले रहले आ अब सलमान खुर्शीद के नयका कानून मंत्री बनावल गइल बा जे सरकार के बचावे खातिर हर तरह के खुरपेंच इस्तेमाल करीहे.


सॉलिसीटर जनरल के इस्तीफा मंजूर भइल

अनिला अंबानी के कंपनी के बेजा फायदा चहुँपावे के आरोप में कपिल सिब्बल पर भइल मुकदमा में बचाव खातिर एगो निजी अधिवक्ता के सेवा लेबे का सरकारी फैसला का खिलाफ सॉलिसीटर जनरल गोपाल सुब्रह्मणियम इस्तीफा दे दिहले रहले. सरकार अब ओह इस्तीफा के सकार लिहले बिया. सरकार के कहना बा कि निजी वकील के सेवा लिहल फायदेमंद साबित भइल काहे कि सुप्रीम कोर्ट से कपिल सिब्बल के राहत मिल गइल जवन शायद वइसे ना मिलल रहीत.


देश में महाभारत करावे के धमकी दिहले लालू प्रसाद

अपना जेल जाये के नौबत आइल त सगरी पार्टी के दरकिनार करत अपना मेहरी के मुख्यमंत्री बनवा देबे वाला लालू प्रसाद के शिकायत बा कि सरकार महिला आरक्षण का बहाने देश से पिछड़ा नेतृत्व खतम करे के चाहत बिया आ अगर महिला आरक्षण विधेयक पारित करावल गइल त ऊ देश में महाभारत करवा दीहें. लालू बढ़िया से जानत बाड़े कि एह महाभारत करवावे में शरद यादव आ मुलायमो यादव उनुकर पूरा साथ दीहें. एही तिकड़ी का चलते अबले महिला आरक्षण बिल पास नइखे हो पावल.


बिहारियन का खिलाफ नया पैंतरा

एगो अंगरेजी अखबार एह बाति के रेघरियवले बा कि केन्द्र सरकार के नाहियो त नौ गो सरकारी विभाग बिहारी बाबूवन का कब्जा में बा. ओकरा मुताबिक नौ गो विभाग, जवना में गृह, रक्षा, सड़क यातायात, ग्रामीण विकास वगैरह शामिला बा, के सचिव बिहारी बाड़े. एकरा अलावे छह गो बिहारी एडिशनल सेक्रेटरी आ सतरह गो ज्वायंट सेक्रेटरी बाड़े. अब एह “खबर” का बाद केंद्र में बिहारी आईएएस अफसरन का खिलाफ माहौल बने लागे त अचरज ना होखे के चाहीं.


तीनमहीना का भीतरे जाँच रिपोर्ट मँगलसि अदालत

इलाहाबाद हाई कोर्ट काल्हु सीबीआई के निर्देश दिहलसि कि डा॰ सचान के जेल में भइल मौत के जाँच कर के तीन महीना का भीतर रिपोर्ट दिहल जाव कि मौत कइसे भइल, काहे भइल, आ एकरा पाछा मकसद का रहल. अदालत एह बाति के गंभीरता से लिहलसि कि चीफ जुडीशियल मजिस्ट्रेट का जाँच में डा॰ सचान के हत्या के बात कहल गइल बा.


अंतरिक्ष में भारत के क्षमता

आजु श्रीहरिकोटा से पीएसएलवी लांच व्हेकिल के प्रक्षेपण कइल जाई जवन जी सैट १२ के अंतरिक्ष में स्थापित करी. पीएसएलवी एहसे पहिले लगातार सतरह बार प्रक्षेपित कइल जा चुकल बा आ पूरा दुनिया एकर लोहा मान लिहले बा. अब एह प्रक्षेपण से अंतरिक्ष विज्ञान में भारत के क्षमता अउरी विश्वसनीय माने जाये लागी.


शुक्ला का खिलाफ चार्जशीट खारिज हो गइल

हाई कोर्ट काल्हु लखनऊ के पूर्व सीएमओ डा॰ ए॰के॰ शुक्ला का खिलाफ दायर चार्ज शीट के अधूरा बतावत खारिज कर दिहलसि. अदालत एहबात पर भउँचक रहे कि चौदह दिन के काम दूइये दिन में कइसे कर लिहलसि पुलिस. अदालत कहलसि कि अधुरा आरोपपत्र शु्क्ला के बचावे खातिर दायर कइल गइल बा. जब डा॰ शूक्ला कमीशन ले के कुछ कंपनियन के फर्जी बिल भुगतान करे के मान गइल बा त एह मामिला के जाँच काहे ना कइल गइल ?


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d