पेट्रोल पाँच रुपिया महँग भइल
चुनाव परिणाम आवते दाम बढ़ावे का इन्तजार में रहल तेल कंपनी पेट्रोल के दाम आजु शनिचर के अधरतिया से पाँच रुपिया बढ़ा दिहले. एह बढ़ोतरी पर बढ़ल टैक्स मिला के कहीं साढ़े पाँच रुपिया तक दाम बढ़ जाई. एक बार में पेट्रोल के दाम अतना कबो ना बढ़ावल गइल रहे. पिछला साल से सरकार पेट्रोल के दाम नियन्त्रण मुक्त कर दिहले बिया आ कंपनी अपना हिसाब से दाम बढ़ा सकेले. किरासन तेल, डीजल, आ रसोई गैस के दाम केन्द्रीय मंत्रीमण्डल के समिति के बईठका का बाद बढ़ावल जाई. कहल जा रहल बा कि डीजल पर तीन रुपिया आ रसोई गैस पर तीस रुपिया दाम बढ़ सकेला.
किसान नेता महेन्द्र सिंह टिकैत के निधन
सिसौली के मशहूर किसान नेता महेन्द्र सिंह टिकैत, जे देश के राजनीतिक मंच पर कबो बड़हन जगह घेरले रहले, के आजु अतवार का दिन सबेरे लमहर बीमारी का बाद मौत हो गइल. छिहत्तर साल के महेन्द्र सिंह टिकैत के हड्डी के कैंसर हो गइल रहे. किसान नेता के अंतिम संस्कार सोमार का दिने सिसौली में भारतीय किसान यूनियन का मुख्यालय पर करावल जाई.
जीत के खुमारी
वंशवादी राजनीति के नमूना आंध्र प्रदेश के जगनमोहन रेड्डी कांग्रेस के चुनौती दिहले बाड़न कि अगर बा बेंवत त चुनाव करा के देख लेव लोग आ सोनिया राहुल के फोटो ले के लड़ लेव. कहलन कि ऊ अपना पिता राजशेखर रेड्डी के फोटो ले के लड़ीहें. पता ना कांग्रेस आ कांग्रेसी उनुका एह बाति के का जबाब दीहें. हालही में भइल उपचुनाव में जगनमोहन कांग्रेसी उम्मीदवार के पाँच लाख से बेसी वोट से हरा दिहले. उनुकर महतारियो चुनाव जीत लिहली. दुनु जने कांग्रेस से अलगा हो के आपन पार्टी बनवला का बाद अपना अपना सीट से इस्तीफा दे दिहले रहुवे जवना का बाद ई चुनाव करावल रहे.
क्लैट परीक्षा आजु हो रहल बा
पूरा देश के राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालयन में प्रवेश खातिर संयुक्त प्रवेश परीक्षा कॉमन लॉ एडमिशन टेस्ट, क्लैट, आजु करावल जा रहल बा. लखनऊ के डा॰राम मनोहर लोहिया राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय, पटना के चाणक्या राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय समेत देश के एगारह गो विधि विश्विद्यालयन के प्रवेश एही से लिहल जाला.
अभियंता के दादागिरी, दू गो लड़ीकन के उठा लिहलन
देवरिया के लोनिवि अभियंता कृष्णकुमार सिंह का कार के शीशा आम तूड़े खातिर फेंकल ढेला से फूट गइल त ऊ आ अवर अभियंता अजय कुमार वर्मा दू गो लड़िकन के अपना गाड़ी में उठा लिहलन. बाद में परिजन जब अपहरण के शिकायत दर्ज करवलन त पुलिस अभियंता लोग के गाड़ी रामपुर कारखाना का लगे पकड़ि लिहलसि आ दुनु लड़िकन के छोड़वलसि. अभियंता लोगन पर कवनो कार्रवाई होखे के खबर नइखे.छिटपुट खबर
रोहतास के पड़रिया गाँव से चार गो किसानन के अपहरण
रोहतास जिला के चुटिया थाना के पड़रिया गाँव से चार गो किसानन के नक्सली उठा ले गइले. घर वाला पुलिस में कवनो मामिला दर्ज नइखन करवले काहे कि लोग का मन में नक्सलियन के दहशत बा. जवना लोग के उठा लिहल गइल बा ओह लोग के नाम राजगृही मिश्रा, विभीषण तिवारी, जयद्रप तिवारी आ धीरज तिवारी ह. ओह लोग के जमीन विवाद गाँवही के प्रेमचंद मिश्रा से बा आ नक्सली चाहत बाड़न सँ कि मामिला के फैसला कोर्ट से ना हो के नक्सलियन के जन अदालत से करावल जाव.
छिटपुट खबर
- बिहार पंचायत चुनाव के नौंवा दौर के वोटिंग आजु करावल जा रहल बा.
- गोपालगंज के बैंकुठपुर में अपराधी तीन आदमी के हत्या कर के भाग गइले.
- भोजपुर जिला के अगिआंव प्रखण्ड में एगो पीठासीन पदाधिकारी के मौत हो गइल.
- पूर्वी चंपारण के गोविंदगंज थाना के परसा गाँव में हत्या करे का नीयत से आइल तीन गो अपराधियन के गाँव के लोग पकड़ि लिहल आ जम के पिटाई कर दिहल जवना से एगो अपराधी के मौत हो गइल.