बतिया पंचे के रही खूँटवा रहिये पे रही
लोक पाल बिल के मसविदा बनावे वाली समिति में सरकारी पक्ष आ सिविल सोसाइटी के पक्ष अपना अपना जिद्द पर अड़ल रह गइल जवना चलते एक मत से कवनो मसविदा ना बनावल जा सकल. एकरा बावजूद गृहमंत्री के बयान आइल बा कि सरकार एगो बढ़िया आ बरियार लोकपाल बिल के मसविदा ३० जून ले पेश कर दी. जबकि अन्ना हजारे के कहना बा कि सरकार चालबाजी से काम लेत बिया आ अब ऊ १६ अगस्त से आन्दोलन करे के एलान कर दिहले बाड़न. सरकार चाहत बिया कि प्रधानमंत्री, न्यायपालिका, आ कार्यपालिका के बड़का पदाधिकारियन के लोकपाल का दायरा से बाहर राखल जाव. जबकि संविधान में न्यायपालिका छोड़ बाकी लोग के कवनो संरक्षण नइखे दिहल गइल. रामदेव के आन्दोलन के हवा निकाल के सरकार का मुँहे खून लाग गइल बा आ अब ऊ आदमखोर बाघ का तरह हर लोकतांत्रिक आन्दोलन के हबके का मूड में आ गइल बिया.
लोकदल बनवलसि लोकक्रान्ति मोर्चा
यूपी के चार गो छोटहन पार्टियन के मिला के लोक क्रान्ति मोर्चा बनवले बा राष्ट्रीय लोकदल आ अब एह बूते ऊ कांग्रेस से गठबन्हन के जमीन तलाशत बा. रालोद के प्रदेश अध्यक्ष बाबा हरदेव सिं काल्हु कहले कि अगिला विधानसभा चुनावन मे रालोद बड़ तासकत बन के उभरी. कहलन कि कांग्रेस से अबही बात चल रहल बा आ ओकरा बाद उम्मीदवारन के नाम तय कइल जाई.
सीबीसीआईडी पुलिस के कसूरवार ठहरवलसि
लखीमपुर जिला के निघासन थाना के एगो सिपाही ओह लड़की से बलात्कार के कोशिश कइले रहे आ असफल भइला पर ओह लड़की के गला दबा के मार डललसि. बाद में दू गो सिपाही मिल के हत्या के सुबूत मेटा दिहलन आ लड़की के लाश एगो गिरल गाछ का डाढ़ से लटका दिहले. अब ई रिपोर्ट इलाहाबाद हाई कोर्ट में पेश कइल जाई जे एह मामिला में एगो जनहित याचिका के सुनवाई करत बिया.
मोतिहारी का मोतीझील पर सौ करोड़ के खरचा होखी
मोतिहारी शहर का बीचो बीच मौजूद मोती झील के राष्ट्रीय झील संरक्षण योजना में ले लिहल गइल बा आ ओह पर एह साल सौ करोड़ रुपिया के खरचा होखी. एह धन से झील में बोटिंग क्लब, वाटर पार्क, रेस्तरां आ झील का दुनु किनार पर सड़क आ रोशनी के इन्तजाम कइल जाई. चार सौ सड़सठ एकड़ में पसरल एह झील के बूढ़ी गण्डक से जोड़ के झील में बहत पानी गिरावल जाई.
रानी चटर्जी का खिलाफ कोर्ट वारण्ट
भोजपुरी अभिनेत्री रानी चटर्जी का खिलाफ मोतिहारी के एगो अदालत गिरफ्तारी के वारण्ट जारी कर दिहले बा. देर से मिलल खबर में बतावल गइल बा कि वारण्ट १४ जून के जारी कइल गइल. काहे कि रानी चटर्जी पिछला कई तारीखन पर कोर्ट में हाजिर ना भइली. विनोद कुमार प्रियदर्शी मुकदमा कइले बाड़न कि रानी चटर्जी अपना सेवा खातिर भुगतान ले लिहला का बावजूद उनकर भोजपुरी फिल्म के शूटिंग खातिर मोतिहारी के अरेराज ना अइली. मुकदमा २ जनवरी २०१० के दाखिल करावल गइल रहे जवना के २ जुलाई के कोर्ट अपना जानकारी में ले लिहलसि. ओकरा बाद दू जुलाई २०११ आ पाँच मई २०११ के जारी समन के रानी चटर्जी अनदेखी कर दिहली.
पहिलका शिया इमाम हजरत अली के जयन्ती मनावल गइल
काल्हू पूरा उत्तर प्रदेश में इस्लाम धर्म के चउथका खलीफा आ शिया समुदाय के पहिलका इमाम हजरत अली के जन्म दिन पूरा अकीदत का साथे मनावल गइल. लखनऊ के यतीमखाना में एगो महफिल के आयोजन भइल त बिजनौर के दरगाह नजफ ए हिन्द जोगीरमपुरी में जश्ने मौलूदे काबा के आयोजन भइल जवना में देश भर से आइल मुस्लिम विद्वान आ शायर लोग शिरकत कइल.
बिहार के सपना माटी में मिलल
भोपाल में चल रहल पुरुष हॉकी के क्वार्टर फाइनल में चहुँपल बिहार के टीम के काल्हु पंजाब का टीम से नौ शून्य से मात खाये के पड़ल. दुसरका क्वार्टर फाइनल में कर्नाटक के टीम एयर इण्डिया के टीम के दू एक से हरा दिहलस. तिसरका क्वार्टर फाइनल में झारखण्ड के टीम रेलवे के टीम के दू एक से हरा दिहलसि. जबकि चउथका क्वार्टर फाइनल में हरियाणा आ उड़ीसा के मैच के अबहीं खबर नइखे मिलल.
पाँचवा एकदिना में भारत फेर हारल
वेस्ट इंडीज का साथे पाँच गो एकदिना मैच का सीरीज का शुरुआती तीन गो मैच जीत के सीरीज पर कब्जा कर चुकल भारत ओकरा बार अपना प्रयोगधर्मिता का चलते बाद के दुनु एकदिना हार गइल. सीरीज जीत चुकल भारत अपना टीम में कुछ बदलाव कर के कुछ नया खिलाड़ियन के खेले के मौका दिहलसि जवन सफल साबित ना भइल. काल्हु के एकदिना में वेस्ट इंडीज टीम सात विकेट से भारत के हरवलसि.