सीआईएससीई के रिजल्ट आजु निकले जा रहल बा
देश के गैर सरकारी बाकिर प्रतिष्ठित बोर्ड काउन्सिल फॉर दि इण्डियन स्कूल सर्टिफिकेट एक्जामिनेशन के दसवीं आ बारहवी परीक्षा २०११ के रिजल्ट आजु दुपहरिया तीन बजे से निकले जा रहल बा. नीचे दिहल कवनो वेबसाइट से रिजल्ट देखल जा सकेला …
एकरा अलावे कुछ दोसरो वेबसाइटन पर ई रिजल्ट मिल सकेला.
बिहार में बने वाला बिजली में से आधा चाहीं
मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्र सरकार से कहले बाड़न कि बिहार में स्थापित थर्मल पावर ईकाईयन में बने वाली बिजली में से आधा बिहार के मिले के चाहीं. कहले बाड़न कि केन्द्र सरकार बिहार खातिर सोलह सौ मेगावाट के कोटा तय कइले बिया बाकिर साते सौ मेगावाट दिहल जा रहल बा जवना चलते राज्य में बिजली संकट पैदा हो गइल बा. इहो कहले बाड़न कि अगर केन्द्र अनुमति दे देव त बिहार भूटान के पनबिजली परियोजना में निवेश करे के तइयार बा बशर्ते ओह में से पन्द्रह सौ मेगावाट बिजली बिहार के दिहल जाव.
पाँच गो एनजीओ कर्मियन पर गबन के मुकदमा
बिहार सरकार के “मुस्कान परियोजना” में डेढ़ करोड़ रुपिया के हेराफेरी के मामिला में पाँच गो एनजीओ के काम करे वालन पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. बाल मजदूरी खतम करावे के एह योजना में गबन करे का आरोप में अखिलेश्वर सिंह, अजय कुमार पाण्डेय, ज्ञान प्रकाशम विजेन्द्र तिवारी, आ स्वामी जितेन्द्र के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल बा.
किसान नेता महेन्द्र सिहं टिकैत के अंतिम संस्कार
किसान नेता दिवंगत महेन्द्र सिहं टिकैत के अंतिम संस्कार काल्हु सिसौली में कर दिहल गइल. अंतिम संस्कार के समय हरियाणा के मुख्यमंत्री भूपेन्द्र सिंह हुड्डा, सपा के आजम खान, रालोद के अनुराधा चौधरी, आ राष्ट्रीय किसान संघ के डा॰ बी॰ एन॰ सिंह मौजूद रहले. शवयात्रा का शुरु होखे से पहिले भाजपा नेता सूर्य प्रताप शाही आ कलराज मिश्रा समेत अनेके लोग उनका के श्रद्धांजलि दिहल.
सुब्रत राय के डाक्टरेट के उपाधि
सहारा इण्डिया के मालिक सुब्रत राय के दरभंगा मिथिला विश्वविद्यालय डी॰लिट्॰ का उपाधि से सम्मानित कइले बा. काल्हु विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह मे कुलाधिपति देवानंद कुंवर का हाथे सुब्रत राय के डाक्टरेट के ई उपाधि दिहल गइल. गोरखपुर के सुब्रत राय के बचपन दरभंगा के हसन चौक पर गुजरल रहे जहाँ से उनकर पढ़ाई शूरु भइल रहे. अपना संबोधन में देवानंद कुंवर कहले कि शिक्षा का क्षेत्र में बिहार के एगो अंतर्राष्ट्रीय पहचान बा जहाँ नालन्दा आ विक्रमशिला जइसन विश्वविद्यालय रहली स.
पोखरा से माँ काली आ शंकर के मूर्ति मिलल
कोपा थाना के साधपुर बली गाँव में महंथ मेथी भगत का पोखरा से काल्हु अष्टधातु के बनल दू गो मूर्ति निकालल गइल जवना का बारे में सन्देह बा कि मूर्ति चोर कतहीं से चोरा के ले आइल होखीहें आ गाँव का पोखरा में फेंक दिहले होखीहें कि बाद में निकाल के बेच दिहल जाई. पुरनका जमाना के एह मूर्तियन के तस्करी में करोड़ो के दाम मिल जाला. मूर्ति मिलला का बाद से ओहिजा अगल बगल के लोग के भीड़ उमड़ पड़ल बा आ पूजा अर्चना शुरु हो गइल बा.
प्रयाग बरई उर्फ साधु डकैत गिरफ्तार
सिसवन पुलिस काल्हु भागर गाँव से कुख्यात डकैत प्रयाग बरई के पकड़ि लिहलसि. प्रयाग अपना के मरल घोषित करवा दिहले रहल आ ओकर मेहरारू अपना देवर से बिआह करके बगल के गाँव पंजवार में रहेले. बिहार आ यूपी के पड़ोसी इलाका के पुलिस ढेर दिन से एकरा ताक में रहुवे. ओने हरिहर छपरा के डकैत लालकिशुन यादव के सहतवार थाना में असलहा का साथे पकड़ि लिहल गइल बा. लालचंद पर पंचायत चुनाव में भीखपुर पंचायत के सरपंच प्रत्याशी विनोद राजभर आ राजन राजभर पर जानलेवा हमला करे के मुकदमा दर्ज बा.
आजु बुद्ध पूर्णिमा ह
भगवान बुद्ध के परिनिर्वाण का दिन के समूचा दुनिया के बौद्धधर्मावलम्बी बुद्ध पूर्णिमा का रुप में मनावेले. आजु यूपी में कई जगहन पर कई गो कार्यक्रम आयोजित बा. मुख्यमंत्री मायावती एह मौका पर प्रदेशवासियन के बुद्धपूर्णिमा के शुभ कामना दिहले बाड़ी.