बसपा विधायक आ पूर्व मंत्री आनन्द सेन के दोहरा उम्र कैद
मिल्कीपुर से बसपा के विधायक आ मंत्री रहल आनन्द सेन के एगो दलित लड़की
के अपहरण आ हत्या के मामिला में दोहरा उम्र कैद के सजा सुनावल गइल बा.
आनन्द सेन का साथे ओकरा ड्राइवर विजय सेन आ सहयोगी सीमा आजादो के एह मामिला
में दोषी मानत सजा सुनावल गइल बा. एकरा पहिले एगो अउरी बसपा विधायक शेखर
तिवारी के एगो लोनिवि इंजीनियय के क्रूर हत्या का आरोप में उम्र कैद के सजा
सुनावल जा चुकल बा. बसपे के विधायक रहल अमरमणि त्रिपाठीओके, जे बाद में
सपा में शामिल हो गइल रहल, एगो लड़िकी मधुमिता के हत्या के आरोप में उम्र
कैद के सजा सुनावल जा चुकल बा.
पहाड़पुर में चीनी मिल खोलल जाई
बिहार सरकार के कैबिनेट काल्हु अपना बैठक में फैसला लिहलसि कि पूर्वी
चंपारण के पहाड़पुर में १२९ करोड़ का लागत से एगो चीनी मिल खोलल जाई जवना से
इलाका के हजारन किसानन के फायदा होखी. बैठक में इहो तय कइल गइल कि जमीन से
गैस भा पानी के पाइप लाइन गुजरला का बावजूद जमीन पर ओकरा मालिक के मालिकाना
बनल रही आ बीस फीसदी मुआवजो दिहल जाई.
भट्टा पारसौल मामिला के न्यायायिक जाँच के माँग
काल्हु युवा कांग्रेसी नेता आ महासचिव राहुल गाँधी प्रधानमंत्री से भेंट
करके भट्टा पारसौल गाँव में किसानन के हत्या करे के आ औरतन का साथे
बलात्कार के आरोप लगवले. राहुल के कहना बा कि उनुका लगे फोटो सुबूत बा जवन
बतावत बा कि राख का ढेर का नीचे किसानन के लाश पड़ल बा. हालांकि यूपी सरकार
एह सगरी आरोपन के बेबुनियाद बतावत बिया. कांग्रेस पार्टी मामिला के सीबीआई
से जांच करावे के माँग करत बिया. ओकर कहना बा कि यूपी सरकार मामिला के छिपा
रहल बिया आ ओहिजा लोगन के जाये नइखे देत.
असम आ केरल में नया मुख्यमंत्री
हाल में भइल पाँच राज्यन के विधानसभा चुनाव का बाद तमिलनाडू में जयललिता
मुख्यमंत्री पद के शपथ ग्रहण कर लिहले बाड़ी. असम आ केरल में आजु
मुख्यमंत्री पद के शपथ ग्रहण होखे वाला बा. असम में तरुण गोगोई तिसरका बेर
मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहन जबकि केरल में कांग्रेसी नेता ओमन चांडी शपथ
लिहन. ऊ पहिलहू एक बेर केरल के मुख्यमंत्री रहल बाड़े. पश्चिम बंगाल में
ममता बनर्जी शुक का दिने मुख्यमंत्री पद के शपथ लीहें.
दू दिन के कांग्रेसी अधिवेशन आजु से
बनारस में दू दिन के प्रदेश कांग्रेस अधिवेशन आजु शुरु होखे जा रहल बा.
अधिवेशन के उद्घाटन कांग्रेस के महासचिव राहुल गाँधी करीहे जबकि समापन
काल्हु सोनिया गाँधी करीहे. काल्हु गाजीपुर में सोनिया गाँधी जगदगुरु
शंकराचार्य स्वामी स्वरुपानंद जी का साथे स्वतंत्रता संग्राम सेनानियन के
सम्मानित करीहे आ बाद में एगो जनसभा के संबोधित करीहे.
दसवाँ दौर के पंचायत चुनाव आजु
बिहार के दसवाँ दौर के पंचायत चुनाव आजु होखे जा रहल बा. आजु राज्य के
तीस प्रखंड के पाँच सौ चार गो पंचायतन के चुनाव होखी. आजु पाँच गो नक्सल
प्रभावित प्रखंड में चुनाव दिन के तीने बजे ले होखी.
यूपी बोर्ड के रिजल्ट दस जून के
यूपी के हाई स्कूल के रिजल्ट दस जून के प्रकाशित होखी जबकि इन्टर के
रिजल्ट छह जून के. एह बात के जानकारी काल्हु माध्यमिक शिक्षा विभाग के
निदेशक संजय मोहन पत्रकारन के दिहलन. एह बीच काल्हु आईएससीआई बोर्ड के
रिजल्ट प्रकाशित हो गइल जवना में लड़िकियन के पास प्रतिशत लड़िकन से बेहतर
रहल.