मनरेगा का तरह के एगो नया योजना
केन्द्र सरकार काल्हु से गरीबी रेखा के नीचे वाला परिवारन खातिर राष्ट्रीय ग्रामीण आजीविका मिशन योजना के शुरुआत कर रहल बिया. तीन हजार करोड़ रुपिया के लागत वाला एह योजना के उद्घाटन यूपीए अध्यक्षा सोनिया गाँधी राजस्थान के बाँसवाड़ा में करीहें. एह योजना में हर राज्य के धन मुहैया करावल जाई जवना से स्वंय सहायता समूहन के अढ़ाई लाख रुपिया के सबसिडी बैंकन का माध्यम से दिहल जाई.
बिहार में बिजली महँग भइल
बिजली बोर्ड त अपना शुल्क में पैंसठ फीसदी बढ़ोतरी के प्रस्ताव भेजले रहे बाकिर बिहार विद्युत विनियामक आयोग औसतन उनइस फीसदी के बढ़ोतरी के अनुमति दिहले बा. अब खपत का हिसाब से अलग अलग दर में प्रति यूनिट दू रुपिया बीस पैसा से लेके चार रुपिया पाँच पैसा तक का जगह पर दू रुपिया पचास पैसा से ले के चार रुपिया सत्तर पैसा प्रति यूनिट के दर से भुगतान करे के होई.
गड़बड़ माहौल में रिजल्ट निकलल
एह साल के दसवीं परीक्षा वैकल्पिक होखला का बावजूद सीबीएसई के इलाहाबाद प्रक्षेत्र के रिजल्ट काल्हु बहुते गड़बड़ माहौल में निकालल गइल. रिजल्ट साँझ चार बजे निकले वाला रहे बाकिर पाँच बजे ले कवनो पता ना रहे. बोर्ड का तरफ से कवनो जानकारियो ना दिहल जात रहे. बाद में साँझ पाँच बजे रिजल्ट निकलल शुरु भइल. सर्वर पर बेहिसाब लोड का चलते बारबार हैंग कर जाव. रिजल्ट ग्रेड अंक में साढ़े नौ से गुणा कइला पर अंक के पता लागी.
पीसीएस २०१० प्री के रिजल्ट घोषित
यूपी लोक सेवा आयोग के पीसीएस २०१० प्री के रिजल्ट काल्हु घोषित कर दिहल गइल. एक लाख चौंतीस हजार चार सौ एक परीक्षार्थियन में से आठ हजार सात सौ पन्द्रह लोग के मुख्य परीक्षा खातिर योग्य मानल गइल बा.
दण्डवत कइला का बादो बाबा ना मनलन
काल्हु केन्द्र सरकार बाबा रामदेव के अइसन स्वागत कइलसि जइसन कवनो राष्ट्राध्यक्ष के कइल जाला. बाबा रामदेव जब अपना चार्टर्ड हवाई जहाज से दिल्ली चहूंपले तब ओहिजा उनुका स्वागत में चार गो केन्द्रीय मंत्री मौजूद रहले. कांग्रेस पार्टी अपने सरकार के एह काम के आलोचना कइले बिया आ एकरा के गैर जरुरी बतवले बिया. बाकिर अन्ना हजारे आन्दोलन के हाल देखले केन्द्र सरकार अबकी पहिलही से बेचैन बिया. हर कोशिश कइल जा रहल बा कि बाबा अनशन पर मत बइठस. बाकिर बाबा मानत नइखन. उनुका अनशन खातिर दिल्ली के रामलीला मैदान में बड़हन पण्डाल बनावल जा रहल बा जहाँ बीस हजार लोग बाबा का साथे अनशन पर बइठीहें. बाबा रामदेव के दावा बा कि पूरा देश में एक करोड़ लोग उनुका साथे अनशन करी. बाबा रामदेव विदेश में राखल धन जब्त कर के देश में ले आवे आ बड़का नोटन के प्रचलन रद्द करे के बात करत बाड़न.
नारायण दत्त तिवारी आपन खून के नमूना देबे से मुकरलन
रोहित शेखर के दावा बा कि नारायण दत्त उनुकर नाजायज बाप हउवन आ एकरा के साबित करे खातिर ऊ कानूनी लड़ाई लड़त बाड़े. कोर्ट आदेश दिहले रहुवे कि नारायण दत्त अपना खून के नमूना देस जेहसे एह दावा के सच्चाई जानल जा सके. बाकिर अपना रंगीन मिजाज खातिर मशहूर नारायण दत्त तिवारी, जे अपना रंगीन मिजाजिये का चलते राज्यपाल पद से इस्तीफा देबे के मजबूर भइले, हर कानूनी दाँव पेंच लगा के मामिल सुलझे नइखन देत. अब उनुकर दावा बा कि कवनो कोर्ट केहू के एह तरह के साक्ष्य देबे खातिर मजबूर ना कर सके.
नाचेले आईसीसी बीसीसीआई नचावेले
श्रीलंका के कप्तान रहल अर्जुन रणतुंगा कहले बाड़न कि आईसीसी अब बेहद कमजोर हो गइल बा आ ऊ बीसीसीआई के इशारा पर नाचे लागल बा. भारत के क्रिकेट बोर्ड अपना धन का ताकत पर अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट के नुकसान चहुँपा रहल बा बाकिर आईसीसी कुछ नइखे करत. रणतुंगा के कहना बा कि आईपीएल से क्रिकेट बरबाद हो रहल बा.