यूपी में आपन हैसियत तलाशे निकलल जदयू
यूपी विधानसभा चुनाव में जदयू कतना सीट पर आपन ताकत एह लायक पावत बिया कि ओहिजा आपन उम्मीदवार खड़ा कर सके ई सब पता लगावे खातिर जदयू के प्रदेश ईकाई के बइठक काल्हु से लखनऊ में राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव का मौजूदगी में शुरु होखे जा रहल बा. दू दिन चले वाला एह बइठक का बाद पार्टी अपना सहयोगी भाजपा से बात करी. वइसे पार्टी के असली कोशिश ई रही कि पिछला बेर गठबन्हन में ओकरा मिलल सीट कम ना कइल जाव.
राजीव रंजन प्रसाद इस्तीफा दिहले
जदयू महासचिव आ प्रवक्ता राजीव रंजन प्रसाद काल्हु पार्टी के सगरी पद से इस्तीफा दे दिहलें. कुछ दिन पहिले उनुका घर आ आफिस पर आयकर के छापा पड़ल रहे. राजीवरंजन प्रसाद के एगो कंपनी रियलिटी के काम करेले आ ओकरे कार्यालय पर छापा पड़ल रहे. इस्तीफा दिहला का बाद राजीव रंजन के कहना रहे कि उनुका घर से कवनो गलत चीज नइखे मिलल बाकिर तबहियो विपक्ष के राजनीति का चलते ऊ इस्तीफा दे दिहले.
ओसामा बिन लादेन के आतंकवादी कहला पर नाराजगी
देश के कुछ मुस्लिम नेता ओसामा बिन लादेन के आतंकवादी कहला पर नाराजगी जाहिर कइले बाड़न. जामा मस्जिद के इमाम सैयद अहमद बुखारी के कहना बा कि दुनिया के कवनो अदालत लादेन के आतंकी साबित नइखे कइले तब लादेन के आतंकी कहल कहाँ तक जायज बा ? जमायते उलेमा ए हिन्द के अध्यक्ष मौलाना अरशद मदनी के कहना बा कि ओसामा के के बनावल ? ओकरा के त अमेरिके बनवले रहुवे रुस से निबटे खातिर. एक समय त ऊ अमेरिका के सबले नजदीकि दोस्त रहुवे बाकिर जब मतलब निकल गइल त ओकरा के आतंकी घोषित कर दिहलसि अमेरिका. देखे के बा कि कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह के एह मामिला में का कहना बा.
छह लाख में बिकाइल रहे इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा के पेपर
अतवार का दिने भइल इंजिनियरिंग प्रवेश परीक्षा के पेपर कानपुर में लीक हो चुकल रहे. जब लीक पर्चा के कापी सीबीएसई के भेजल गइल त मिलान का बाद सही पावल गइल. एकरा बाद पूरा देश में चल रहल परीक्षा के बीचे में रोक के परीक्षार्थियन से फेर से बारह बजे से परीक्षा देबे के कहल गइल. एह आपाधापी का बीच दुबारा परीक्षा दोसरा पेपर से करावल गइल जवन पहिले से तइयार राखल गइल रहे. एह मामिला में कानपुर के एगो कोचिंग स्कूल के एक आदमी के गिरफ्तार कइल गइल बा. लखनऊओ से एक आदमी के गिरफ्तारी के खबर बा. ई परीक्षा देश के सबले बड़ प्रवेश परीक्षा में गिनाले आ एहमें एगारह लाख से बेसी परीक्षार्थी शामिल रहले. काल्हुवे एएफएमसीओ के प्रवेश परीक्षा रहुवे आ जवन छात्र एह चलते भा दोसरा कारण से काल्हु परीक्षा ना दे सकलें ऊ लोग अब आठ मई के परीक्षा दे सकेला.
सासाराम में एक ट्रक विस्फोटक पकड़ाइल
रोहतास जिला के सासाराम थाना के अमरा तालाब इलाका से काल्हु रात एक ट्रक विस्फोटक पकड़ल गइल बा जवन राँची से सासाराम आवत रहुवे. ट्रक के ड्राइवर सकरले बा कि विस्फोटक नक्सलियन के देबे खातिर आवत रहे. एह मामिला से जुड़ल बाकी आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर पुलिस छापामारी कर रहल बिया.
यूपी में रासुका के बेजा इस्तेमाल पर केन्द्र के नाराजगी
केन्द्र सरकार उत्तर प्रदेश सरकार से कहले बिया कि राज्य में रासुका के बेजा इस्तेमाल रोकल जाव. कवनो आदमी पर रासुका तबे लगावल जाव जब साबित हो जाव कि ओकर काम देश के सुरक्षा का खिलाग बा. हर छोट मोट अपराध भा राजनीति का चलते केहू के रासुका में बन्द ना कइल जाव.