बाबा रामदेव के आयोजन पर पुलिस हमला के सुनवाई आजु
देश के सुप्रीम कोर्ट दिल्ली पुलिस के दिहल ओह हलफनामे पर आजु विचार करी जवना में पुलिस एह बात से इंकार कइले बिया कि ऊकवनो तरह के बल प्रयोग कइले रहे. कोर्ट पुलिस से ओह ४२ गो सीसीटीवी कैमरा के जमा करावे के कहले बिया जवना का बारे में कहल जात बा कि पुलिस सुबूत मिटावे खातिर ओह कैमरन के अपना कब्जा में ले लिहले रहुवे. पुलिस कहले बिया कि कवनो लाठी चार्ज ना भइल रहे बाकिर जब भीड़ पुलिस पर पथराव कइलसि त आठ गो आंसू गैस के गोला छोड़ल गइल रहे.
पीएमटी के परचा लीक परीक्षा रद्द
छत्तीसगढ़ के चिकित्सा महाविद्यालयन में प्रवेश खातिर आयोजित प्री मेडिकल टेस्ट के परचा लीक होखे का चलते परीक्षा रद्द कर दिहल गइल बा आ करीब एक दर्जन लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. अगिला तारीख के एलान बाद में होखी. पुलिस बतवलसि कि बिलासपुर जिला के तखतपुर कस्बा जब काल्हु रात एगो घर पर छापा मारल गइल त ओहिजा अस्सी गो परीक्षार्थियन के तईयारी करावल जात रहे. ओह परचा के मिलान जब असली परचा से कइल गइल त लीक होखे के पता लागल. बतावल जात बा कि बारह बारह लाख रुपिया ले के परचा बतावल गइल रहे.
सोनिया कवनो बात के जबाब ना दिहली
अपना विदेश यात्रा का बाद लवटि के सोनिया गाँधी अन्ना हजारे के चिट्ठी के पावती त भेज दिहली बाकिर ओहमें उठावल गइल मुद्दन का बारे में कुछ नइखी कहले. बस अतने लिखले बाड़ी कि एह बारे में ऊ जानकारी लीहें. अन्ना अपना पर संघ के मुखौटा होखे का आरोप पर सोनिया से सुबूत मँगले रहले भा कांग्रेसियन के अइसन आरोप लगावे से रोके के कहले रहले.
अल्पसंख्यकन का साथ अन्याय करे वालन के जेल
केन्द्र सरकार देश के अल्पसंख्यकन का साथ भेदभाव करे वाला कवनो विभाब, संस्था भा आदमी पर कार्रवाई करी. पहिले योजना रहल कि समान अवसर आयोग का तहत जाति मजहब से उपर उठ के सबका खातिर समान अवसर के व्यवस्था कइल जाव बाकिर अपना अल्पसंख्यक प्रेम का चलते केन्द्र सरकार ई सुविधा खाली अल्पसंख्यकने के देबे के फैसला कइले बिया. एह मामिला के दोषियन के तीन महीना ले जेल आ पाँच लाख रुपिया ले जुर्मान लगावल जा सकेला.
हरियाणा नेशनल हॉकी चैम्पियन बनल
काल्हु भोपाल में दुधिया रोशनी में खेलत हरियाणा कर्नाटक के दू बनाम एक गोल से हरा के चैम्पियन बन गइल. तीसरा जगहा के मैच में पंजाब झारखण्ड के चार बनाम एक गोल से हरवलसि.
पहिला टेस्ट मैच आजु
वेस्ट इंडिज गइल भारत के टीम एह दौरा में तीन गो टेस्ट खेले वाली बा जवना में से पहिलका टेस्ट आजु जमैका का किंग्स्टन में खेलल जाई. कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी फिकिरमंद बाड़न कि मुनाफ पटेल समेत उनुका पेसरन के अनफिट रहला का चलते मैच जीते के कवन राह निकालल जाव.
मोतिहारी में सड़क दुर्घटना
मोतिहारी का छतौनी थाना में बरियारपुर का लगे एगो बस बेकाबू होके सड़क किनारे बीस फीट गहीर गड़हा में पलटि गइल जवना चलते एक आदमी के मौत त ओहिजे हो गइल. अस्पताल में इलाज का दौरान चार गो अउरी लोग के मौत हो गइल. संग्रामपुर भवानीपुर से मोतिहारी खातिर आवत रहे ई बस.
महामाया के माया लेबे खातिर उमिर के बंधन खतम
यूपी में महामाया गरीब आर्थिक मदद योजना से लाभ लेबे खातिर उमिर के बंधन हटा दिहल गइल बा. पहिले एकरा खातिर कम से कम पैंतालिस साल के होखल जरुरी रहल जवना चलते कम उमिर के बाकिर जरुरतमंद के सहायता ना मिल पावत रहे. बाकिर पात्रता खातिर बाकिर शर्त पहिलही जइसन रही.
बेहूदगी का आरोप में सपा विधायक गिरफ्तार
कानपुर में बिजली कंपनी केस्को के प्रबन्ध निदेशक रीतु माहेश्वरी का चेम्बर में जबरिया घुसे आ उनुका साथे बेहूदगी करे के आरोप में सपा विधायक इरफान सोलंकी के एगो समर्थक का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. गिरफ्तारी का बाद जिला में कई जगहा पर सपा समर्थक प्रदर्शक कइले.
श्रीलंका प्रीमियर लीग में भारत के खिलाड़ी ना खेलीहे
भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड [बीसीसीआई] फैसला लिहले बा कि श्रीलंका में सिंगापुर के एगो निजी कंपनी के चलावल श्रीलंका प्रीमियर लीग में भारत के क्रिकेट खिलाड़ी ना खेल सकसु काहे कि ई कवनो बोर्ड के प्रायोजन ना ह.