कैबिनेट सचिव का मुँह से निकलिये गइल डा॰ सचान के हत्या के बातk
काल्हु प्रेस से बतियावत मे यूपी के कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह का मुँह से निकलिये गइल कि डा॰ सचान के हत्या के खबर सुनते बाकिर फेर पत्रकारन के टोकला पर ऊ अपना बाति के सुधार लिहलन. विरोधी दलन के सीधा आरोप बा कि सरकार के मंत्रियन के बचावे आ हजारो करोड़ के घोटाला के छिपावे खातिर सचान के हत्या कर दिहल गइल. सरकार डा॰ सचान के हत्या भा आत्महत्या के मामिला के सीबीआई जाँच ना करवाई. सबसे खास बाति ई बा कि प्रदेश में डाक्टरन के संगठन एह मामिला में कुछ नइखे बोलत. असल में सगरी सीएमओ कवनो ना कवनो छोटमोट घोटाला में लागल रहेले आ सभकर कूंजी सरकार का लगे बा. एहसे सरकार का खिलाफ मुँह खोले के हिम्मत नइखे होत डाक्टरन के.
बिहार में शुरु हो रहल बा आधार कार्ड बनावे के काम
देश में एगो बहुद्देशीय पहिचान पत्र का रूप में आधार कार्ड बनावे के काम आजु से बड़हन पैमाना पर शुरु होखे जा रहल बा. लक्ष्य बा कि रोजाना दस लाख लोग के एह खातिर पंजीयन होखे. आधार बनवावे खातिर आवेदन पत्र लेबे से पहिले आपन कवनो दोसर पहचानपत्र पेश करे के पड़ी.
पूर्णिया विधानसभा के उपचुनाव काल्हु
भाजपा विधायक राज किशोर केसरी के हत्या से खाली भइल सीट पर काल्हु उपचुनाव करावल जा रहल बा. भाजपा का तरफ से मृत विधायक के पत्नी किरण केसरी के उम्मीदवार बनावल गइल बा. जबकि कांग्रेसा का तरफ से रामचरित्र यादव, सीपीएम का तरफ से अमित सरकार, माले का तरफ से इस्लामुद्दीन, आ झामुमो का तरफ से ओमप्रकाश समेत कुल सात गो उम्मीदवार मैदान में बाड़े.
पाँच लाख सलाना आमदनी तक रिटर्न भरे के जरुरत खतम
आयकर विभाग के अधिसूचना जारी हो गइल बा आ अब ओऔह वेतनभोगियन के कवनो रिटर्न जमा करे के जरुरत ना पड़ी जिनकर आमदनी पाँच लाख रुपिया से कम बा. बाकिर कवनो बिजनेस से आमदनी पर रिटर्न भरही के पड़ी. पिछला वित्त वर्ष के रिटर्न दाखिल करे के अंतिम तारीख इकतीस जुलाई बावे.
पढ़ाई खातिर लिहल कर्ज पर सूद ना देबे के पड़ी
वइसन छात्र, जिनकर अभिभावक के आमदनी सालाना साढ़े चार लाख रुपिया से कम बा आ जे दस लाख रुपिया से कम के शिक्षा कर्ज लिहले बाड़े, के अब करजा पर सूद देबे के जरुरत ना पड़ी. ई कर्जा मेडिकल आ इंजिनियरिंग जइसन प्रोफेसनल कोर्से खातिर मिली.
नौकरो दाईयन के मिली स्वास्थ्य बीमा योजना के लाभ
काल्हु केन्द्र सरकार तय कइलसि कि अब घरेलू नौकर दाईयनो के स्वास्थ्य बीमा योजना के लाभ दिहल जाई बशर्ते ऊ लोग रजिस्टर्ड होखो. ओह लोग के मिले वाला कार्ड का सहारे देश के कवनो अस्पताल में तीस हजार रुपिया तक के इलाज बिना कवनो भुगतान करावल जा सकी. बतावत चलीं कि एह योजना में जमीनी स्तर पर बड़हन घोटाला चल रहल बा. कई जगहा हाल ई बा कि कार्ड देखा के भरती वाला कागज पर दस्तखत करीं आ पाँच हजार रुपिया ले जाईं. स्वास्थ्य विभाग के अइसने योजना बड़का बड़का घोटालन के जनम देला जवना से लखनऊ जइसन मामिला बन जाला जवना में तीन तीन गो चिकित्साधिकारी मौत के नींद सुता दिहल गइले.
सूद समेत मूढ़ लवटावे के आदेश
सेबी काल्हु सहारा समूह के दूगो कंपनियन के आदेश दिहलसि कि ऊ ओएफसीडी योजना में लिहल धन पन्द्रह रुपिया सैकड़ा सूद समेत वापिस कर देव काहे कि ई काम गैर कानूनी तरीका से कइल गइल बा. सहारा समूह देश के निवेशकन से अकूत धन इकट्ठा कइले बिया आ देर सबेर एह कंपनी के गुब्बारा पंक्चर भइल तय बा. जहिया ई होखि तहिया देश के करोड़ो लोग आपन जमा पूंजी से हाथ धो दी. आवास निर्माण मामिला में त जबरदस्त घोटाला भइल बा. वइसनको योजना पर सहारा करोड़ो रुपिया जमा करा लिहले बा जवना के मंजूरी तक नइखे मिलल.
पहिलका टेस्ट में भारत के जीत
काल्हु के चउथका दिन के मैच में भारत वेस्ट इंडीज के पूरा टीम के २६२ रन पर आउट करा दिहलसि जबकि ओह लोग के लक्ष्य मिलल रहे ३२६ रन के. दुसरका पारी में भारत के इशांत शर्मा आ प्रवीण कुमार तीन तीन गो विकेट चटकवले. राहुल द्रविड़ के मैन आफ द मैच के पुरस्कार मिलल जिनका ११२ रन का सहारे भारत ई मैच जीत लिहलसि.