सदानंद सिंह के जमानत याचिका खारिज
बिहार विधान सभा में क्लर्कन का बहाली में मुकदमा का चलते तब के विधानसभाध्यक्ष सदानंद सिंह आ सोलह जने अउर लोग विशेष अदालत में जमानत के अर्जी लगवले रहुवे जवना के अदालत खारिज कर दिहलसि. एह मामिला में बयालीस लोग का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
सांसद निधि के उपयोग पर उहापोह
बिहार सरकार अपना विधायकन के कोष त खतम कर दिहलसि बाकिर केन्द्र सरकार के सांसद निधि अबहियो चालू बा. बाकिर बिहार सरकार के उहापोह का चलते सांसदो निधि के इस्तेमाल नइखे हो पावत. पिछला दिने भाजपा अध्यक्ष डा॰सीपी ठाकुर सरकार के एह व्यवहार पर आपत्ति जतावत कहले कि सरकार के व्यावहारिक नजरिया राखे के चाहीं जेहसे कि राज्य के छप्पन गो सांसदन के निधि के इस्तेमाल हो पावे.
सरकारो चाहेले कि पुलिस बेईमाने रहे
सरकारी नियम कायदा पुलिस विभाग के बेईमान भा जालिम बने पर मजबूर कर देला. सरकार पुलिस विभाग खातिर जवन तेल भत्ता निर्धारित कइले बिया तवन तब के ह जब पेट्रोल दस रुपया लीटर मिलत रहे. आजु का दिन में पेट्रोल के बाव सड़सठ पार बा. अइसनका में तेल के बिना विभाग के गाड़ी चलो त कइसे. एह चलते विभाग दोसरा से पेट्रोल के दाम निकलवइबे करी भा दोसरा के जीप गाड़ी कब्जा कर के अपना इस्तेमाल में ले आई.
आँखि के पुतरी से भेंट कइले बाबूजी
द्रमुक नेता करुणानिधि काल्हु दिल्ली का तिहाड़ जेल में बंद अपना बेटी कोझिमोई, जवना के मतलब होला आँखि के पुतरी, से जेल में एक घंटा ले बतियवले. द्रमुक नेता के सोनिया गाँधी से भेंट करे के कवनो कार्यक्रम ना रहल जबकि एहसे पहिले ऊ जबो दिल्ली आवत रहले सोनिया से भेंट जरुर होत रहे. अबकि उनका के तोस देबे खातिर गृहमंत्री चिदम्बरम भेंट करे तमिलनाडू भवन गइले.
नाजायज संपत्ति सरकार के
अगर लोकपाल बिल खातिर बनावल जात विधेयक पास हो गइल त करिया कमाई से बनावल संपत्ति सरकार ले ली. इहो कहल जा रहल बा कि अगर कवनो लोकसेवक कवनो संपत्ति का बारे में पहिले जानकारी नइखे देत आ बाद में पता चलत बा त मानल जाई कि ऊ सपत्ति नाजायज ह आ ओकरा के जायज ठहरावे के जिम्मेदारी ओह लोकसेवक के रही.
मुंबई हमला पाकिस्तान सरकार का देखरेख में भइल रहे
पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी नागरिक डेविड हेडली शिकागो का एगो अदालत में अपना गवाही में बता सकेला कि मुंबई हमला पाकिस्तान सरकार का जानकारी में भइल रहे. अदालत में मुकदमा पेश करत अभियोजन पक्ष मुंबई हमला का बारे में विस्तार से जानकारी दिहले बा. एह में कहल गइल बा कि डेविड हेडली सकरले बा कि मुंबई हमला पाकिस्तान के आईएसआई का देखरेख में भइल रहे. एह हमला का पहिले डेविड खुद मुंबई गइल रहे आ जगहन के जानकारी बिटोरले रहुवे.