सरकार डीजल किरासन रसोई गैस के दाम बढ़वलसि
काल्हु केन्द्र सरकार का फैसला का बाद रसोई गैस के दाम में पचास रुपिया हर सिलिण्डर पर, डीजल तीन रुपिया हर लीटर पर, आ जन वितरण प्रणाली के किरासन तेल पर दू रुपिया हर लीटर पर बढ़ा दिहल गइल बा. डीजल के दाम बढ़ला का बाद बाजार में मिले वाला हर चीज के दाम बढ़ जाई. बाकिर सरकार एह सब से बेपरवाह बिया. जनता में ओकरा खिलाफ बढ़ रहल नाराजगी का बावजूद ऊ ई दाम बढ़ा के जनता के अउरी रिगवले बिया कि कर ल जवन करे के बा ! सरकार के एह फैसला का बाद आजु पूरा देश में जगहे जगह प्रदर्शन हो रहल बा आ विपक्षी दल खास कर के भाजपा आ समाजवादी पार्टी सबले आगा बिया. सरकार के समर्थन देबे वाला पार्टियनो में से कुछ पार्टी नाराज बाड़ी सँ जइसे कि ममता बनर्जी के पार्टी एह मुद्दा पर सरकार के साथ नइखे. अलग बाति बा कि अपना अपना मजबूरी से तृणमूल, द्रमुक, अन्ना द्रमुक, सपा, बसपा जइसन पार्टी सरकार के खिलाफ ढेर दूर ले जा ना सकीहें.
लोकपाल बिल पर कांग्रेस अपना सरकार का साथे बिया
कांग्रेस कार्यसमिति के बईठका में काल्हु तय भइल कि कुछ जिद्दी लोग के दबाव का आगा ना झुक के सरकार बढ़िया कइलसि. कांग्रेस प्रवक्ता जनार्दन द्विवेदी बतवले कि अब एकर मसविदा कैबिनेट का लगे भेजल जाई आ देश के राजनीतिक दलन से राय माँगल जाई. काल्हु अन्ना टीम के लोग भाजपा नेता आडवाणी का लगे गइल. अन्ना के कहना बा कि कपिल सिब्बल कहत बाड़े कि ऊ संविधान से उपर के बात मनवावल चाहत बाड़न त एकर फैसला सगरी राजनीतिक दल उनुकर ड्राफ्ट पढ़ के करसु त सब साफ हो जाई. एही खातिर काल्हु भाजपा नेता से मुलाकात कइल लोग. दोसरो राजनीतिक दल के नेता लोग से मिले वाली बिया अन्ना टीम बाकिर तबले कांग्रेसियन के मसाला मिल गइल कि अन्ना आ भाजपा के मेल जोल सामने आ गइल बा.
कांग्रेसी दबाव का सामने मानवाधिकर आयोग नव गइल
युवराज के कहल बाति के झुठलावे वाला मानवाधिकार आयोग के रिपोर्ट के जइसन आलोचना कांग्रेसी नेता करे लागल बाड़न ओकरा के देखत काल्हु आयोग आपन सफाई देत कहले बिया कि अबही रिपोर्ट के अंतिम रूप नंइखे दिहल गइल आ जवन खबर आ रहल बाड़ी सँ तवन बेबुनियाद बाड़ी सँ. काल्हु मानवाधिकार आयोग यूपी सरकार के नोटिस भेज के पूछले बिया कि डा॰ सचान के मौत का बारे में आयोग के सूचना काहे ना दिहल गइल जबकि उनुकर मौत कस्टडी का दौरान भइल. आयोग एह मामिला के सगरी कागजातो मँगवले बिया.
पूर्णिया सीट के उपचुनाव में मतदान आजु
पूर्णिया विधानसभा सीट के उपचुनाव में आजु मतदान शुरु हो गइल बा. कड़ा सुरक्षा का बीच मतदान करावल जा रहल बा. साँझ पाँच बजे ले वोट डालल जा सकेला आ वोट के गिनिती उनतीस जून के करावल जाई.
बिहार शिक्षक पात्रता परीक्षा
बिहार सरकार काल्हु शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म बिक्री के नयका तारीख घोषित कर दिहलसि. अब फार्म के बिक्री एगारह जुलाई से शुरु होखी. पहिले एक जुलाई से फार्म मिले वाला रहे. फार्म के बिक्री अब चौबिस जुलाई ले कइल जाई. फार्म उनतीस जुलाई से जमा कइल शुरु होखी आ ओही केन्द्र पर जमा करे के पड़ी जहवाँ से फार्म खरीदल गइल रहे. फार्म के दाम एक सौ रुपिया राखल गइल बा. अबही परीक्षा के तारीख के एलान नइखे भइल.
डा॰ सचान के मौत के जुडीशियल इंक्वायरी
लखनऊ के डिप्टी सीएमओ डा॰ सचान के जेल अस्पताल में भइल संदेहास्पद मौत के परिजन आ विरोधी दल हत्या बतावत बाड़े आ सरकार से एह मामिला के सीबीआई जाँच करवावे के माँग करत बाड़े. बाकिर सरकार एह मामिला के सीबीआई जाँच करावे के तइयार नइखे आ जुडीशियल इंक्वायरी शुरु करा दिहले बिया. इलाहाबाद हाई कोर्टो सीबीआई जाँच के आदेश देबे से नकार दिहलसि आ कहलसि कि एह मामिला के नियमित सुनवाई अट्ठारह जुलाई के कइल जाई. एह फैसला का बाद डा॰ सचान के परिजन उनुकर अंतिम संस्कार कर दिहले.
एगो अउरी बसपा विधायक पार्टी से निलंबित
मायावती काल्हु बिजनौर से अपना विधायक शाहनवाज राणा के पार्टी से निलंबित कर दिहली. राणा के दू गो भाईयन पर मुजफ्फरनगर में दिल्ली से आइल दू गो युवतियन का साथे बलात्कार के कोशिश के आरोप लगावल गइल बा. पुलिस एह मामिला में ओह दुनु भाईयन आ राणा के गनर समेत पाँच जने के गिरफ्तार कर लिहले बिया. विधायक का कार से जवना में विधायको सवार रहलन दुनु लड़िकियन के अपहरण कइल गइल रहे आ कारे मे बलात्कार के कोशिश भइल रहे.