महादलितन खातिर एक सौ छप्पन करोड़

काल्हु बिहार सरकार के कैबिनेट में महादलित परिवारन खातिर हर परिवार तीन डिसमिल जमीन खरीदे खातिर कुल एक सौ छप्पन करोड़ रुपिया खर्च करे के स्वीकृति दिहल गइल. दोसरका फैसला में तय भइल कि राज्य के हर सरकारी अस्पताल के राष्ट्रीय स्वास्थ्य बीमा योजना से जोड़ दिहल जाई.


कई हफ्ता बाद आजु यूपी कैबिनेट के बईठका

यूपी कैबिनेट के बईठक आजु कई हफ्ता का बाद बोलावल गइल बा. एह बईठका में शिक्षा के अधिकार अधिनियम आ टीईटी करावे का बारे में फैसला लिहल जा सकेला. कैबिनेट का मंजूरी मिलला का बाद टीईटी परीक्षा करावे के शासनादेश जारी होखी.


गोरखपुर में भाजपा के महासंग्राम रैली

काल्हु गोरखपुर में भाजपा के महासंग्राम रैली भइल जवना में पार्टी अध्यक्ष नितिन गडकरी कहलन कि प्रदेश में बसपा राज गुण्डा राज में बदल गइल बा आ भाजपा केन्द्र सरकार का साथे राज्यो सरकार का खिलाफ आन्दोलन चलाई. अगिला चुनाव में कवनो पार्टी से गठबन्हन ना कइल जाई. ओने बसपा भाजपा के आरोपन के झूठ के पुलिन्दा बतवले बिया.


बिना सत्यापन बोर्ड में रजिस्ट्रेशन ना होखी

यूपी माध्यमिक शिक्षा परिषद फैसला लिहले बिया कि विद्यालयन में पढ़े वाला छात्रन के पंजीकरण सत्यापन रिपोर्ट का बिना वैध ना मानल जाई. बिना सत्यापन रजिस्ट्रेशन नंबर दिहला पर रोक लगा दिहल गइल बा काहे कि एह साल बोर्ड परीक्षा में बहुते परीक्षार्थी फर्जी अंकपत्र का आधार पर पंजीकरण करा लिहले रहन.


अफ्रीका खातिर भारत अरबो रुपिया के सहायता दी

काल्जि अफ्रीका में सल रहल शिखर सम्मेलन का मौका पर भारत सरकार घोषणा कइले बिया कि अफ्रीकी देशन के विकास खातिर भारत पाँच बिलिय डालर के उधारी आ सात सौ मिलियन डॉलर के खरचा करी जवना से एह देशन में नया संस्थान बनावल जाई. एगो इण्डो अफ्रीकन वर्चुअल युनिवर्सिटी, कृषि संस्थान, ग्रामीण प्रबन्धन संस्थान, लाइफ साइन्सेस आ अर्थ साइन्स के विश्विवद्यालय खोलल जइहे सँ.


पाँच लाख से कम के सालाना आमदनी वालन के रिटर्न ना भरे के पड़ी

बशर्ते उनकर आमदनी बस तनखाह से होखत होखे. अगर निवेशो से आमदनी हो रहल बा त ओकरा खातिर रिटर्न भरे के जरुरत बरकरार रही. जून में एह दिसाईं निर्देश जारी हो गइला का बादे कहल जा सकेला कि वास्तव में केकरा सुविधा मिल रहल बा.


डेविड हेडले कहलसि कि बाल ठाकरे के मार देबे के योजना रहल

काल्हु शिकागो में अपना गवाही में पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी नागरिक डेविड हेडली कहलसि कि मुंबई पर भइल आतंकी हमला का दौरान योजना रहल कि बाल ठाकरे के मार दिहल जाव बाकिर बाद में योजना में फेर बदल हो गइल. मुंबई के अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पहिले निशाना पर रहल बाकिर बाद में ओकरा के निशाना से हटा लिहल गइल रहे. मुंबई हमला का दौरान १६६ लोग के जान गइल रहे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d