डा॰ सचान के हत्या के मुकदमा दर्ज

आखिरकार लखनऊ पुलिस मन मार के डा॰ सचान के हत्या के मुकदमा दर्ज कर लिहलसि. डा॰ सचान के पत्नी का तहरीर पर मुकदमा लिखल गइल. बेटा संकल्प सचान के कहना बा कि ओकरो आ पूरा परिवार के जान पर खतरा बा आ ऊ ‍प्रशासन से अपना परिवार खातिर सुरक्षा के माँग कइले बाड़े. ओने लखनऊ में हजरतगंज थाना के पुलिस काल्हु आईबीएन सेवेन के पत्रकार शलभमणि त्रिपाठी आ उनुका कैमरामैन के पिटाई कर दिहलसि जवना का बाद एएसपी डा॰ बीपी अशोक आ सीओ हजरतगंज अनूप कुमार के निलम्बित कर दिहल गइल बा.


मुबंई में रहेवाला लोगन खातिर घर मँगली मायावती

काल्हु मुंबई का गोरेगाँव में बसपा के एगो बईठका संबोधित करत मायावती कहली कि मुंबई में दोसरा प्रान्तन से बहुते लोग आवेला आ कहीं ढंग के ठौर ठिकाना ना मिल पवला का चलते झुग्गी झोपड़ी में पनाह लेला लोग. एह चलते ओह लोग के नरक वाली जिनिगी त जीअहीं के पड़ेला मुंबई के सूरत खराब होला. कहली कि महाराष्ट्र सरकार के चाहीं एह लोग खातिर मूलभूत सुविधा वाला आवास मुहैय्या करावल जाव.


पहिले भठियारा रहे अब अत्याचारियो हो गइल

२१ दिन बाद दिल्ली आइल बाबा रामदेव काल्हु अस्पताल में राजबाला से भेंट कइलन जे रामलीला मैदान में घवाहिल हो के लकवाग्रस्त हो गइल बाड़ी. बाद में पत्रकारन से बतियावत रामदेव कहले कि केन्द्र सरकार भठियारा त रहबे कइल अब अत्याचारियो हो गइल बिया. जेही भठियरपन के विरोध करऽता ओकरा पर अत्याचार होखे लागत बा. ओने कपिल सिब्बल काल्हु हरदीगुरदी बोल दिहले. कहलन कि अब दुबारा सिविल सोसाइटी वाला प्रयोग ना दुहरावल जाई. लोकपाल के मसविदा बनावे में सिविल सोसाइटी के सदस्यन के रवैया से आजिज आ के कपिल सिब्बल काल्हु ई बयान दिहले.


जौनपुर से एगो नया रेलगाड़ी

रायबरेली आ जौनपुर का बीच एगो नया रेलगाड़ी चलावल जाई जवन सबेरे रायबरेली से चल के दुपहरिया जौनपुर चहुँपी आ साँझ के जौनपुर से खुल के रात नौ बजे रायबरेली वापिस लवटि जाई.


महाराजगंज के सोहगी बरवा अभयारण्य घोषित

यूपी के महाराजगंज जिला के सोहगी बरवा इलाका के सरकार अभयारण्य घोषित कर दिहलसि. अब ओहिजा जंगल का बीच का खाली जगहा पर तरह तरहके पेड़ लगावल जाई, डाक बंगलन के बेहतर बनावल जाई, टूरिस्टन खातिर चार गो हाथी खरीदल जाई. दर्जिनिया आ सिगरहवा ताल के विकसित कइल जाई, आ मगरमच्छन के प्रजनन कार्यक्रम चलावल जाई.


दुरौंधा विधायक जगमातो देवी के निधन

बिहार के सीवान जिला के दुरौंधा विधानसभा सीट से जदयू विधायक जगमातो देवी के काल्हु उनुका नइहर सिसवन ब्लाक के नंदामुड़ा गाँव में दिल के दौरा पड़ल. ओकरा बाद उनुका के इलाज खातिर पटना ले जायल जात रहे कि बीच रस्ते में उनुकर मौत हो गइल. काल्हु सरयू किनारे पूरा राजकीय सम्मान का साथ उनुकर अंतिम संस्कार कर दिहल गइल. एह समय मुख्यमंत्री नीतीश कुमार समेत कई गो मंत्री, विधायक आ गणमान्य लोग मौजूद रहल.


थाना प्रभारी निलम्बित

रोहतास जिला के दरिहट थाना के प्रभारी सुरेश प्रसाद सिंह के संचिका में गड़बड़ी का आरोप में निलम्बित कर दिहल गइल. गड़बड़ी पुलिस अधीक्षक मनु महाराज का दौरा में पकड़ाइल रहे. इन्द्रपुरी थाना के प्रभारी राजेश लकड़ा के अब दरिहट थाना के जिम्मेदारी दिहल गइल बा.


पूर्वी चंपारण में सड़क दुर्घटना

काल्हु पिपरा कोठी थाना के बलथरवा गाँव का लगे एगो जीप के पलटला से ड्राइवर आ एगोलड़िका के मौत हो गइल. दू जने घवाहिल हो गइल बाड़े. दुर्घटना तिवारी टोला का लगे भइल.


मंगल का दिन से दुसरका टेस्ट शुरु

वेस्ट इण्डीज का दौरा पर गइल भारत के टीम काल्हु केजिंगटन ओवल में वेस्टइण्डीज का साथे दुसरका टेस्ट खेली. एह मैदान पर खेलल आठ गो मैच में से सात गो मैच में भारत हारल बा. वेस्ट इण्डीज का जमीन पर भारत कबो कवनो सीरीज एक शून्य से बेसी से नइखे जीतल. भारतीय टीम के सपना बा कि एह बेर इहो रिकार्ड बना लिहल जाव आ सीरीज के एकशून्य से बेसी से जीत लिहल जाव.


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d bloggers like this: